टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लखनऊ में सिलेंडर ब्लास्ट, 5 लोग जिंदा जरल, 4 गंभीर : मरे वाला में मरद-मेहरारू आ 3 गो लईका; धमाका से छत-दीवार ढहल

12:54 PM Mar 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

लखनऊ में मंगर के रात दु मंजिला मकान में शॉर्ट सर्किट से आग लाग गइल। लोग आग बुझावे के कोसिस करत रहे, तबे घर में रखल दुगो सिलेंडर में ब्लास्ट हो गइल। एकरा चपेट में आवे से मरद, मेहरारू आ तीन लईकन के मौत हो गइल। ओहिजा, बचाव में जुटल चार गो आउर लोग झुलस गइल।

Advertisement

धमाका से घर के छत ढह गइल आ देवार टूट गइल। डेढ़ घंटा के मशक्कत के बाद पुलिस आ दमकल कर्मचारी आग पs काबू पवलें। आग में झुलसल लोगन के रेस्क्यू कs के ट्रॉमा सेंटर पहुंचावल गइल। एमे दु के हालत जादे नाजुक बतावल जा रहल बा। घटना काकोरी इलाका के हाता हजरत साहब के हs।

बिल्डिंग में 20 लोग रहत रहे

मकान मुशीर अली (50) के रहे। एमे उनका परिवार आ रिश्तेदारन के मिलाके 20 लोग रहत रहे। घरही में जरदोजी के काम कइल जात रहे। मंगर के रात करीब 11 बजे दूसरका मंजिल पs आग लाग गइल। हादसा में मुशीर, उनकर पत्नी हुस्ना बानो (45), उनकर भतीजी राइया (5) आ दुगो भांजी हिबा (2) आ हुमा (3) जिंदा जर गइल लो।

मुशीर के बेटी इंशा (16) आ लकब (18), बहनोई अजमत (30) आ भतीजी अनम (17) आग में फंसके झुलस गइल। सब घायलन के गंभीर हालत में ट्रॉमा सेंटर में भर्ती करावल लो। दमकल कर्मी करीब डेढ़ घंटा में आग पs काबू पावल गइल।

शॉर्ट सर्किट से आग लगला के बाद भइल विस्फोट

ग्रामीण लोग बतावल कि धमाका के आवाज सुनके बाहर निकलल लो तs देखल मुशीर के घर से आग के लपट निकलत रहे आ लोग चीखत रहे लो। ग्रामीण आग बुझावे के कोसिस के संगे पुलिस आ दमकल के सूचना देलस।

दमकल के सुरुआती जांच में सामने आइल बा कि मुशीर के कमरा में शॉर्ट सर्किट से आग लग गइल। मुशीर परिवार के संगे आग बुझाके बाहर निकाले के प्रयास करत रहे लो कि सिलेंडर ब्लास्ट हो गइल।

चार भाइयन आ एगो बहिन के परिवार एक संगे रहत रहे

मकान में मुशीर के साथ उनके भाई पप्पू, बब्बू और बबली के अलावा बहनोई अजमत का परिवार रहता था। घर में जरदोजी का कारखाना भी लगा है। जिसको सभी मिलकर चलाते थे। चर्चा है कि घर में पटाखों का भी काम होता था, जिसके लिए यहां बारूद रखा था। हालांकि, इस पर अभी कोई आधिकारिक बयान नहीं आया है।

Tags :
Bhojpuri NewsCylinder BlastFive DiedLucknow Cylinder Blast
Advertisement
Next Article