टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अतवारी छौंक: 'बात कुछ पुरनका दौर के' दादामुनी के 76वा जन्मदिन पs भइल कुछ अइसन कि मरत दम ले नाहीं मनवले जश्न

07:26 AM Oct 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
अशोक कुमार: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही

आजू पढ़ी के 'दादामुनी' के 76वा जन्मदिन पs अइसन का भइल रहे कि मरत दम ले नाहीं मनवले जश्न?

दादामुनी यानी अशोक कुमार के जनम 13 अक्टूबर 1911 के भागलपुर में भइल रहे। तीन भाई में सबसे बड़ रहले एही से उनका के दादा कहल जात रहे। बंगला में मोनी के मतलब गहना होला एहसे ई दादामोनी होत-होत ऊ फिलिमन के दादा मुनि बन गइले. वैसे जनम के समय नाम कुमुदलाल कुंजीलाल गांगुली रहे। अशोक कुमार मल्टी टैलेंटेड रहले। अभिनेता ज्योतिष मेें भी पारंगत रहले। हिंदी फिलिमन के पहिला सुपर स्टार आ साथही एंटी हीरो रोल प्ले निभावे वाला पहिला व्यक्ति रहले. टेक्निकल क्षेत्र में आगे बढ़े के इच्छा रहे बाकिर उs गलती से नायक बन गईले।

उपन्यासकार, लेखक सआदत हसन मंटो उनुका दोस्तन में शामिल रहले. ‘काली सलवार', 'ठंडा गोश्त’ जइसन कहानी लिखे वाला मंटो अशोक कुमार के सही मायने में मुनि मानत रहले. मतलब कि एह अभिनेता के किरदार हमेशा बेदाग रहल. तs शुरुआत करीं मंटो के 'मीना बाजार' से जवन साफ-सुथरा चरित्र के प्रमाण देत बा. एहमें ऊ एक जगह लिखले बाड़न कि एगो बोल्ड मेहरारू अशोक कुमार के अपना घरे ले गइल, जेहसे कि ऊ उनकरा के आकर्षित कs सके. बाकिर उs अतना ठान लेले रहले कि महिला के आपन रणनीति बदले के पड़ल। उs ओकरा से कहली, 'हम तs बस तोहरा के परखत रहनी, तू हमार भाई निहन बाड़!'

मंटो के मुताबिक अशोक कवनो फ्लर्ट ना रहले। उहो जब सैकड़न लइकी उनकरा से प्यार करेली सs आ उनकरा के हजारन के संख्या में चिट्ठी लिखेली सs। फिलिमन में प्रवेश आकस्मिक रहे. एह बात के जिक्र उनकर जीवनी 'दादामोनी द लाइफ एंड टाइम्स ऑफ अशोक कुमार' में बा। 1936 के फिलिम 'जीवन नैया' में अचानक उनुका के मुख्य भूमिका में चुनल गइल. असल में मुख्य अभिनेता लापता हो गइल रहे. अभिनेत्री रहली देविका रानी जे ओह घरी बिंदास ड्रैगन लेडी के नाम से जानल जात रहली. उs सिगरेट पीयत रहली अवुरी शराब पियावत रहली। खैर डेरा के हिमांशु राय के फिल्म में काम कइले जवन हिट हो गइल. एकरा बाद ‘अछूत कन्या’ जवन ब्लॉकबस्टर रहल. एकरा बाद जवन सफर शुरू भईल उs बहुत देर तक ना रुकल।

अगला छह दशकन में, उs पुलिस वाला आ चोर, किस्मत , महल , परिणीता , कानून , गुमराह , चलती का नाम गाड़ी , आशीर्वाद , ममता , ज्वेल थीफ , खूबसूरत आ खट्टा मीठा सहित अनेक फिल्मन में जबरदस्त कैरेक्टर प्ले कइले नतीजतन कईगो अवॉर्ड्स अपने नाम कइले. 1988 में मिलल दादा साहब फाल्के भी एमे शामिल बा. एसे सालन पहिले उनके पद्म श्री से भी सम्मानित कइल गइल.

दादामुनी के बायोग्राफी नबेंदु घोष लिखले बाड़न कि अशोक कुमार के दुनिया विशाल रहे - ऊ एगो मनमोहक वक्ता, मार्गदर्शक, होम्योपैथ, ज्योतिषी, चित्रकार, भाषाविद, कवि आ सबले बढ़ के एगो निष्ठावान मित्र आ समर्पित पति आ पिता रहले. उs अपना परिवार से बहुत प्यार करत रहले, शायद एही से उs 1987 से आपन जन्मदिन मनावल बंद कs देले रहले काहे की उनके गहिराह झटका लागल, उनकर प्रिय छोट भाई किशोर कुमार एह दुनिया से विदा हो गईल रहले। दुख के बात ई रहे कि मौत भी दिन 13 अक्टूबर चुनले रहे। दादा मुनि 10 दिसम्बर 2001 के एही दुख के साथे ई दुनिया छोड़ के चल गइलन।

 

Tags :
Actor Ashok KumarAshok KumarAshok Kumar BirthdayAshok Kumar Old PhotoBollywood newsDadamuniEntertainment NewsKishore KumarSunday specialSunday special newsअतवारी छौंक
Advertisement
Next Article