For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दद्दन यादव हत्या प्रकरण : एसडीएम दिशा श्रीवास्तव के आश्वासन पs सतरांव में सपा के अनिश्चितकालीन धरना प्रदर्शन समाप्त

08:29 AM Jun 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
दद्दन यादव हत्या प्रकरण   एसडीएम दिशा श्रीवास्तव के आश्वासन पs सतरांव में सपा के अनिश्चितकालीन धरना प्रदर्शन समाप्त
Advertisement

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज थाना के सतराव चौकी के सोझा दद्दन यादव के पुलिसिया पिटाई से भइल मौत के लेके चल रहल धरना प्रर्दशन एसडीएम के आश्वासन के बाद समाप्त हो गइल।

Advertisement

बता दीं कि चौकी इंचार्ज बीरेंद्र कुशवाहा के हाथन 20 मई, 2024 के पिटाई बाद 21 मई के सतराव निवासी दद्दन यादव के मौत हो गइल रहे। एह प्रकरण में 21 मई के आरोपी दारोगा पs हत्या के केस कायम हो गइल रहे। बाकिर अभी ले हत्या में सामिल दारोगा आ ओकर मातहतन के कवनो गिरफ्तारी नइखे कइल गइल। जवना के लेके जिला प्रशासन के हत्याभियुक्तन के गिरफ्तार ना कइल गइला पs अल्टीमेटम देके 17 जून से सतराव में सपा के धरना सुरु भइल।

दूसरका दिन सपा जिलाध्यक्ष व्यास यादव के अध्यक्षता में ई सुरू भइल। धरनारत सपा नेता लोग अपना भाषण में कहल कि ई बहुते दुर्भाग्यपूर्ण बा कि हत्यारा दारोगा के लगभग एक महीना बीतला के बादो गिरफ्तार नइखे कइल गइल। सपा के पूर्व विधायक स्वामीनाथ यादव (सलेमपुर) कहलें कि समाजवादियन के इतिहास अन्याय के विरुद्ध लड़े के रहल बा। दद्दन यादव के न्याय दिलावे खातिर सपाई आर- पार के संघर्ष करी लो। बरहज के पूर्व विधायक स्वामीनाथ भाई सतराव के क्रांतिकारी गांव बतावत कहलें कि हमनी के कवनो कीमत पs अन्याय बर्दाश्त करे वाला नइखीं सs।

सपा के पूर्व जिलाध्यक्ष आ एह धरना कार्यक्रम के आयोजन में महत्वपूर्ण भूमिका निभावे वाला गेनालाल यादव कहलें कि दद्दन यादव के हत्यारा के गिरफ्तारी तक हमनी समाजवादियन के आंदोलन जारी रही।

सपा जिलाध्यक्ष व्यास यादव कहलें कि दद्दन यादव के हत्यारा दारोगा आ आउर अभियुक्तन के तत्काल गिरफ्तार करे, दद्दन यादव के विधवा के नौकरी देवे, पचास लाख रुपिया सहयोग राशि देवे आ दद्दन के पत्नी के नाम जमीन के पट्टा आवंटित करे खातिर हमनी के मांग के जदि पूरा नइखे कइल जात तs हमनी के सतराव से देवरिया तक आ सदन से सड़क तक लड़त रहेम सs।

प्रशासन कावर से 17 जून से लगातार ई प्रयास जारी रहे कि सपाई प्रशासन के कुछ दिनन के मवका देवे लो। जवना के बाद सपा के लोग डीएम के संबोधित दारोगा के गिरफ्तारी सहित चार सूत्रीय मांगपत्र के ज्ञापन एसडीएम दिशा श्रीवास्तव के सउपत धरना के कुछ समय खातिर स्थगित करत ऐलान कइलें कि जदि यथाशीघ्र हमनी के मांग ना मानल गइल तs अगिला पड़ाव एसपी ऑफिस पs घेरा डालो-डेरा डालो आंदोलन के होई।

दूसरका दिन के धरना कार्यक्रम में धरनास्थल पs उपस्थित रहे वालन में चंद्रभूषण सिंह यादव, बेचूलाल चौधरी, समसूल अंसारी, अभिनव यादव, श्यामदेव यादव, रामप्रवेश यादव बबलू, हंसनाथ यादव, इस्माइल अंसारी, पंकज वर्मा, अम्बिका सिंह यादव, रामदुलारे यादव, संतोष यादव पूर्व प्रधान, हरिकिशुन यादव, गोपी यादव, विजय रावत, दिव्यांश श्रीवास्तव, हरिकेश यादव,श्रीकांत यादव, अर्जुन यादव अवनीश गोलू, जितेंद्र यादव बुलबुल, धर्मवीर गुप्ता, सत्यदेव यादव आदि आदि सामिल रहे लो। धरना कार्यक्रम के संचालन राम बहादुर यादव कइलें।

Tags :
Advertisement