टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नया महामारी के खतरा ! China के अंदर लइकन में फइलत बा रहस्यमयी बीमारी, School बंद करे के तइयारी

12:21 PM Nov 23, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

कोरोना के तबाही देखला के बाद अब लोग महामारी के नाम तक के डर लागे लागल बा।अइसना समय में एगो नया महामारी के खतरा हमनी के फेर से परेशान करे लागल बा। Covid-19 के तरह एह बीमारी के प्रसार भी चीन से शुरू हो रहल बा। चीन के कई गो अस्पतालन में एह रहस्यमयी बेमारी के मरीज देखल गइल बा जवना के संख्या तेजी से बढ़ रहल बा। एकरा बारे में रिपोर्ट के बाद विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) के चिंता भी बढ़ गईल बा। इs बेमारी खास तौर पs स्कूली लइकन में देखाई देता।

चीन समेत दुनिया के कई देश अबे ले कोरोना से पूरा तरीका से उबरल नईखे। अइसना में अब लोग के ऊ समय याद आवे लागल बा जब कोरोना शुरुआती दौर में रहे। हालांकि ई महामारी निमोनिया से मिलत जुलत कहल जा रहल बा बाकिर एकर बहुते लक्षण निमोनिया से अलग बा।एकरा से प्रभावित बच्चा के फेफड़ा में सूजन देखाई देता। एकरा संगे तेज बोखार के संगे खांसी, फ्लू अवुरी सांस लेवे में परेशानी जईसन समस्या के भी सामना करे के पड़ता।

चीन में एकर अधिकांश असर खाली लइकन पs देखाई देता

रहस्यमयी निमोनिया से जुड़ल अधिकतर मरीज पूर्वोत्तर चीन, बीजिंग आ लियाओनिंग के अस्पतालन में देखल जा रहल बाड़े। हालात एतना खराब बा कि संसाधन पs बहुत दबाव बा। बेमारी के प्रकोप अतना भयावह बा कि सरकार एहिजा के स्कूल बंद करे के तइयारी कइले बिया। ओपन एक्सेस मॉनिटरिंग सिस्टम प्रोमेड अलर्ट एह बेमारी के बारे में दुनिया भर में चेतावनी जारी कइले बा।असल में ई मंच पूरा दुनिया में मनुष्य आ जानवरन में होखे वाला बेमारी पs नजर राखेला। चीन में जवन रहस्यमय निमोनिया सामने आइल बा ओकरा बारे में चेतावनी देत ​​ई संगठन कहले बा कि एह बेमारी के प्रकोप खास कर के लइकन में देखल जा रहल बा।

डब्ल्यूएचओ के एगो बयान जारी कइलस

ए बेमारी के चौंकावे वाला रिपोर्ट सोझा अईला के बाद विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) चीन से विस्तृत जानकारी देवे के निहोरा कईले बा। डब्ल्यूएचओ प्रेस कांफ्रेंस में कहलस कि चीन 13 नवंबर 2023 के स्थानीय मीडिया के एह बेमारी के बारे में बतवले रहे। स्वास्थ्य एजेंसी चीन से कहले बिया कि एह बेमारी से जुड़ल मामिला पs पूरा नजर राखल जाव। डब्ल्यूएचओ के कहनाम बा कि 21 नवंबर के प्रोमेड उत्तर चीन में एह बेमारी के फइलला के बारे में रिपोर्ट कइले रहे। डब्ल्यूएचओ चीन से एह बेमारी के बारे में अउरी जानकारी चाहत बा।

 

 

Tags :
Chinaचीनडब्ल्यूएचओबीजिंग
Advertisement
Next Article