टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

डीडीयू के छात्रा संगे भइल छेड़खानी: दीदी कहके दोस्ती कइलस, फेर मंगलस न्यूड फोटो

01:50 PM Jun 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्रा के संगे मोलेस्टेशन के ममिला सामने आइल बा। आरोपी छात्रा से दीदी कहके दोस्ती कइलस, फेर मोबाइल आ सोशल मीडिया पs अश्लील मैसेज भेजे लागल।

Advertisement

छात्रा पहिले ओकरा के नजरअंदाज कइलस। जब ओकर हरकत जादे बढ़ गइल तs छात्रा बियफे के मुख्य नियंता कार्यालय पहुंच कs के शिकायत कइलस। मुख्य नियंता कार्रवाई खातिर कैंट पुलिस के पत्र लिखले बाड़ें।

छात्रा से कइलस न्यूड फोटो भेजे के मांग

पीड़िता MA के स्टूडेंट हियs। ऊ नियंता के दिहल शिकायती पत्र में बतवलस कि संगे पढ़े वाला जुवक करीब तीन महीना पहिले ओकरा के दीदी कहके सोशल मीडिया पs बात कइल सुरू कइलस। एकरा बाद जब छात्रा ओकर जवाब देलस तs आरोपी अश्लील मैसेज भेजल सुरू कs देलस। छात्रा बतवलस कि ऊ मैसेज ना करे के गुजारिश कइलस तs जुवक न्यूड फोटो भेजे के मांग करत मोलेस्ट कइल सुरू कs देलस। आरोपी के करतूतन से तंग आके ऊ शिकायत करे पहुंचल आ आरोपी के खिलाफ कार्रवाई के मांग कइलस।

शिकायत के संज्ञान लेत मुख्य नियंता डॉ. सतीश पांडेय पत्र लिखके कैंट पुलिस से कार्रवाई करे के मांग कइलस। हालांकि कैंट पुलिस के कहनाम बा कि अभी नियंता के पत्र नइखे मिलल।

Tags :
Bhojpuri NewsComplain To ProctorDdu Student MolestedDeen Dayal Upadhyaya Gorakhpur University
Advertisement
Next Article