For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

DDU में 18 सितंबर के होई नया कोर्सन खातिर प्रवेश परीक्षा, आवेदन खातिर बढ़ावल गइल लास्ट डेट

10:35 AM Sep 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ddu में 18 सितंबर के होई नया कोर्सन खातिर प्रवेश परीक्षा  आवेदन खातिर बढ़ावल गइल लास्ट डेट
Advertisement

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी में एही सेशन से सुरू होखे जा रहल D.Pharma, B.Pharma, MS इन आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस, BCA इन मशीन लर्निंग एंड डेटा साइंस आ BCA इन इंटरनेट आफ थिंग्स कोर्स में एडमिशन खातिर प्रवेश परीक्षा के आयोजन 18 सितंबर के होई।

Advertisement

परीक्षा के डेट के ऑफिसियल अनाउंसमेंट यूनिवर्सिटी प्रशासन के ओर से सनीचर के दिहल गइल। ओने यूनिवर्सिटी एह सब कोर्सन खातिर ऑनलाइन आवेदन के डेट के बढ़ा देलस। इच्छुक अभ्यर्थी अब 5 सितंबर तक आवेदन कs सकी लो। पहिले आवेदन के लास्ट डेट 31 अगस्त तय कइल गइल रहे।

नया कोर्स खातिर आवेदन के लास्ट डेट बढ़ावल गइल 

एडमिशन सेल के डारेक्टर प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा बतवलें कि D.Pharma के 66 सीटन खातिर अब तक 416 आवेदन आइल बा। जबकि B.Pharma खातिर अभी ले 454 आवेदन आइल बा। एही तरे NIELIT (नेशनल इंस्टीट्यूट आफ इलेक्ट्रानिक्स एंड इन्फार्मेशन टेक्नोलाजी) के संगे संयुक्त रूप से संचालित होखे वाला MS इन आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस कोर्स के 33 सीट खातिर अभी ले 38 आ BCA इन मशीन लर्निंग एंड डेटा साइंस आ BCA इन इंटरनेट आफ थिंग्स खातिर अभी ले 220 आवेदन रजिस्टर भइल बा।

प्रो. सिन्हा बतवलें कि अभ्यर्थियन के ओर से कइल गइल  पs विचार करत कुलपति प्रो. पूनम टंडन पांच नया पाठ्यक्रमन में प्रवेश परीक्षा खातिर आवेदम के लास्ट डेट 5 सितंबर तक बढ़ावे के निरदेस देले बाड़ी।

च्वाइस लाक के अंतिम अवसर आज

एडमिशन सेल के डायरेक्टर बतवलें कि अलग-अलग नियमित आ स्ववित्तपोषित सब कोर्सन में रिक्त सीटन पs प्रवेश खातिर 28 अगस्त के सुरू भइल अंतिम काउंसलिंग खातिर च्वाइस लाक के अंतिम तिथि बढ़ा दिहल गइल बा। अब अभ्यर्थी एक सितंबर माने अतवार तक च्वाइस लाक कs सकी लो। सीटन से कम आवेदन वाला विषयन खातिर आवेदन अब एक सितंबर तक स्वीकार कइल जाई।

Tags :
Advertisement