टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: एआईयू एथलेटिक्स मीट में डीडीयू के रूबी जीतली कांस्य पदक, जिला के बढ़वली मान

11:59 AM Dec 27, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

केआईआईटी, भुवनेश्वर में चल रहल ऑल इंडिया इंटर यूनिवर्सिटी (एआईयू) एथलेटिक्स मीट के पहिला दिन मंगर के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के एथलेटिक्स टीम के सदस्य रूबी कश्यप 10 किमी. दौड़ में कांस्य पदक प्राप्त कइली। ओहिजा, एह स्पर्धा में निशा छठवां स्थान पs रहली।

Advertisement

जानकारी देत क्रीड़ा परिषद के सचिव डॉ. राजवीर सिंह बतावलें कि ई प्रतियोगिता 26 से 29 दिसंबर तक आयोजित हो रहल बा। एही स्पर्धा में विश्वविद्यालय के निशा एगो संघर्षपूर्ण मुकाबला में छठा स्थान प्राप्त कइली। संगही ई दुनो खिलाड़ी अपना एह प्रदर्शन के आधार पs फरवरी महीना में आयोजित हो रहल खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स खातिर क्वालीफाई कs लेले बा।

टीम मैनेजर डॉ. सुरेंद्र गुप्ता आ कोच सीपी सिंह बतावल लो कि ई दुनों खिलाड़ी अपना अगिलो स्पर्धा में बेहतर प्रदर्शन करी लो, संगही टीम के आउर खिलाड़ियन से आवे वाला  दिनन में होखे वाला स्पर्धन में सानदार प्रदर्शन के उम्मेद बा।

रूबी कश्यप के एह उपलब्धि पs कुलपति प्रो. पूनम टंडन, कुलसचिव प्रो. शांतनू रस्तोगी, क्रीड़ा परिषद अध्यक्ष प्रो. विमलेश कुमार मिश्र, उपाध्यक्ष प्रो. विजय चहल, प्रो. आलोक कुमार गोयल, कोषाध्यक्ष प्रो. प्रत्यूष दुबे, संयुक्त सचिव डॉ. मनीष पांडेय बधाई आ सुभकामना दिहल लो।

Tags :
All India Inter University GamesBhojpuri NewsBronze medalDdu newsDeen Dayal Upadhyaya Gorakhpur UniversityGorakhpur UniversityRubi Kashyapsports news
Advertisement
Next Article