For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अफ्रीकी देशन मे नइखे थमत मउत के तांडव, उत्तर-पूर्वी कांगो में 20 लोगन के गईल जान

08:28 AM Sep 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
अफ्रीकी देशन मे नइखे थमत मउत के तांडव  उत्तर पूर्वी कांगो में 20 लोगन के गईल जान
Advertisement

Advertisement

अफ्रीकी देशन में हिंसा के घटना बंद नइखे होखत. अफ्रीकी देशन के लगातार मउत के तांडव के सामना करे के पड़त बा. ताजा घटना में उत्तर पूर्वी कांगो में सशस्त्र समूह जानलेवा हमला कईले बाड़े। एह हमला में नाहियो तs बीस लोग के मउत हो चुकल बा. अउरी कई लोग के भी घायल होखे के आशंका बा।  स्थानीय अधिकारी मंगल के दिने बतवले कि एह हमला में नागरिकन के निशाना बनावल गइल बा. हमला के बाद बंदूकधारी मौका से निकल गईले।

बता दीं कि पूर्वी कांगो में सरकारी सुरक्षा बल आ 120 से अधिका सशस्त्र समूहन के बीच लगभग एक दशक से लड़ाई चलत बा. दुनो पक्ष के बीच भईल टकराव में अबे ले हजारों लोग के मउत हो चुकल बा। बाकिर अबे ले एs हिंसा से कवनो शांति के रास्ता नईखे मिलल। ध्यान देवे वाला बात बा कि एह इलाका के सोना अवुरी बाकी संसाधन पs नियंत्रण के लड़ाई में अक्सर सशस्त्र समूह के ओर से नागरिक के निशाना बनावत बम फेंकल जाला।

Tags :
Advertisement