टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एs मशहूर एक्टर के भइल निधन, 69 के उमिर में लिहले अंतिम सांस

04:47 PM Oct 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
देवराज रॉय के भइल निधन
Advertisement

 

Advertisement

बंगाली के दिग्गज अभिनेता आ लोकप्रिय वाचक देवराज रॉय के निधन हो गइल. एह अभिनेता के बियफ़ें के रात एगो निजी अस्पताल में निधन हो गईल। कई महीना ले कई गो अंग खराब होखला के चलते गंभीर बेमारी से पीड़ित रहला के बाद उनुका निधन के खबर सोझा आईल। उनुकर उमिर 69 साल रहे। अभिनेता के कुछ महीना पहिले ब्रेन स्ट्रोक भी भईल रहे अवुरी उs न्यूरोलॉजिकल समस्या से भी ग्रस्त रहले। उनुका पीछे उनुकर पत्नी अनुराधा राय बाड़ी जे बंगाली अभिनेत्री आ लोकप्रिय समाचार वाचक रहली. 17 अक्टूबर के रात अभिनेत्री नेय्यत्तिनकारा कोमलम भी दुनिया के अलविदा कहली। एक दिन में दू गो मौत के खबर सुन के सिनेमा जगत में शोक मचल बा.

देवराज राय के हिट कैरियर

रॉय आपन कैरियर के शुरुआत मशहूर फिल्म निर्माता सत्यजीत रे के 1970 के फिल्म ‘प्रतिद्वंद्वी’ से कइलन आ ओकरा बाद दुसरका साल में मृणाल सेन के ‘कलकत्ता 71’ में अभिनय कइलन जवना खातिर उनुका दर्शकन के बहुते प्यार मिलल. उनकर कुछ अउरी लोकप्रिय फिलिमन में ‘दूजोन मिलबो अबार’, ‘स्मृतिस्मृति कथा बोले', 'जोड़ी कागोजे लेखो नाम', 'बड़ोदिर ब्रम्हचारी बाबा लोकनाथ’ आ ‘श्री रामकृष्ण विवेकानंद’ शामिल बा. उनकर आखिरी फिलिम रहल ‘भूत अद्भुत’ जवन साल 2014 में रिलीज भइल रहे. फिल्मन के अलावे रॉय डीडीके कोलकाता के लोकप्रिय न्यूजरीडर रहले आ आकाशवाणी कोलकाता पs कई गो नाटकन में उनुकर आवाज रेडियो दर्शकन के मंत्रमुग्ध कs दिहले बा.

 

 

 

 

 

Tags :
Actor Found DeaddeathFuneral Prayers
Advertisement
Next Article