For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Breaking News : NEET-UG विवाद: '1563 उम्मीदवारन के ग्रेस मार्क वापस, 23 जून के फेर से परीक्षा

11:19 AM Jun 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
breaking news   neet ug विवाद   1563 उम्मीदवारन के ग्रेस मार्क वापस  23 जून के फेर से परीक्षा
Advertisement

नीट परीक्षा के लेके जारी विवाद के बीच बियफे के एक बेर सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भइल। एह दौरान केंद्र शीर्ष कोर्ट के बतवलस कि नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) के ओर से नीट-यूजी 2024 के 1,563 उम्मीदवारन के ग्रेस अंक देवे के निर्णय वापस ले लिहल गइल बा।

Advertisement

अइसन उम्मीदवारन के 23 जून के फेर से परीक्षा देवे के विकल्प दिहल जाई। एकर नतीजा 30 जून के आई। परीक्षा ना देवे पs ग्रेस अंक लागू रही। बड़ बात इहो बा कि सुप्रीम कोर्ट छव जुलाई के होखे वाला काउंसलिंग पs रोक लगावे से इनकार कs देले बा।

Tags :
Advertisement