टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एह विटामिन के कमी से आंख हो जाला खराब, अइसे करीं लछन के पहचान

10:24 AM Feb 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

विटामिन जरूरी सूक्ष्म पोषक तत्व के एगो हिस्सा हs, जवन कवनो प्रक्रिया के सुचारू संचालन खातिर हमनीऽ के शरीर ला जरूरी होला। एही में से एगो विटामिन ए हs जवन हमनी के दृष्टि, त्वचा, हड्डी आ शरीर के अन्य कोशिका के मजबूत रखे में काफी महत्वपूर्ण भूमिका निभाए ला। जी हां! शरीर के फिट रखे में कवनो विटामिन आ मिनरल महत्वपूर्ण भूमिका निभावे ले। एहिमें से विटामिन ए (Vitamin A) सबसे जरूरी मानल जाला। काहे कीं एकर कमी राउर जीवन भर खातीर आँखिन के रोशनी से बँचित हो सकत बानी।

शरीर में लउकेला इs लक्षण

•चाम के रुखल होवल- विटामिन ए के कमी से हमनी के त्वचा जरूरत से ज्यादा रूखल आ बेजान हो जाला।

•रतौंधी- विटामिन ए के कमी होखला पs रतौंधी के शिकायत हो सकत बा, माने रउवा के सूरूज के किरिन के बाद कूछो देखल मुश्किल हो जाला।

•गर्भ धारण करे मे परेशानी- विटामिन एs के कमी होखेला पs औरतन के गर्भ धारण करे मे परेशानी होला।

•गर के संक्रमण- गरा में बार-बार खराश होखला पs या इंफेक्शन होखला पs विटामिन ए के कमी के लक्षण हो सकत बा।

•मुँहासा - एह विटामिन के कमी से चेहरा पs कील आ मुँहासा भी होखे लागे ला।

•घाव भरे में देरी- जदि कवनो घाव सुखे में जरूरत से जादा समय लागे तs बूझ लिहि कि रउवा विटामिन एs के कमी हो सकत बा।

•कमजोर हड्डी - शरीर के हड्डी मजबूत रखे में विटामिन ए महत्वपूर्ण भूमिका नीभाए ला। जदि हड्डी कमजोर होता तऽ विटामिन डी एs ना विटामिन ए के भी टेस्ट करवाई।

एह चीजन के करी सेवन

विटामिन ए के कमी के पूरा करे खातिर हमनी के आसपास कई जरिया बा। एहिमें प्लांट बेस्ड आ नॉन वेज दुनो तरह के आहार शामिल बाड़े। जदि रउवों विटामिन एs के कमी के पूरा करल चाहत बानी तऽ अंडा, फोर्टिफाइड अनाज, हरियर पत्तावाला तरकारी, नारंगी आ पीयर सब्जिय गाजर, पपीता एकरे संगवा पालक, अलुवा, दही, सोयाबीन आ दोसर पत्तेदार हरीर सब्जिय के सेवन जरूर करीं।

 

 

 

Tags :
HealthHealth and FitnessHealth NewsLifestyleLifestyle Newslifestyle news in bhojpuriलाइफस्टाइललाइफ़स्टाइल न्यूजलाइफ़स्टाइल न्यूज इन भोजपुरीCloves cure dry coughसेहत
Advertisement
Next Article