टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Delhi Bomb Threat: दिल्ली के दू गो स्कूलन में बम के धमकी से मचल हड़कंप, मौका पऽ पहुंचल पुलिस

08:51 AM May 01, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Delhi Bomb Threat राजधानी दिल्ली के दू गो स्कूलन में बम के धमकी से हड़कंप मच गइल बा। सूचना पs दिल्ली पुलिस बम निरोधक दस्ता आ दमकल के गाड़ी मौका पs पहुंचल। एहतियात के तौर पs दुनु स्कूल परिसर के खाली करा दिहल गइल बा आ खोज - बीन चल रहल बा। मामला में ज्यादा जानकारी के इन्तजार कइल जा रहल बा।

Advertisement

दिल्ली के दू गो स्कूलन के बम के धमकी मिलला से अफरा-तफरी मच गइल। पहिला मामला द्वारका में इस्थित दिल्ली पब्लिक स्कूल के हऽ। इहाँ स्कूल में बम होखे के सूचना पs दिल्ली पुलिस, बम निरोधक दस्ता आ दमकल के गाड़ी मौका पs पहुंचल। सुरक्षा के देखत स्कूल परिसर के खाली करा दिहल गइल बा आ तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा।

दूसरका मामला पूर्वी दिल्ली के मयूर विहार स्थित मदर मैरी स्कूल के हऽ। जहां आज भोरे बम के धमकी से संबंधित एगो ईमेल मिलल। एकरा बाद स्कूल के खाली करावल जा रहल बा आ स्कूल परिसर के जांच करावल जा रहल बा। मामला में ज्यादा जानकारी के इंतजार कइल जा रहल बा।

बतावे वाला बात ई बा कि ई कवनो स्कूल भा संस्थान के बम के धमकी मिले के पहिला मामला नइखे। एकरा पहिलहू अइसन मामला सामने आवत रहलऽ बा। बता दी कि बीतल बुध (30 अप्रैल के) दिल्ली के चाचा नेहरू अस्पताल के स्टाफ के बम के धमकी के ईमेल मिलल रहे। एकरा बाद दू घंटा ले अस्पताल के जांच कइल जा रहल बा,बाकिर कवनो बम नइखे मिलल।

साभार - जागरण

Tags :
Big braking newsbom threat Newsbreking newsDelhi bom threatDelhi newsDelhi news in BhojpuriDelhi Police
Advertisement
Next Article