For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

वेल्डिंग करे के दौरान तेल टैंकर में भइल धमाका, एगो शख्स के मौत

04:31 PM Sep 29, 2024 IST | Sonu Kishor
वेल्डिंग करे के दौरान तेल टैंकर में भइल धमाका  एगो शख्स के मौत
वेल्डिंग करे दौरान तेल टैंकर में भइल धमाका
Advertisement

दिल्ली के द्वारका सेक्टर-23 में तेल टैंकर में वेल्डिंग के दौरान अचानक विस्फोट हो गइल। एह दुर्घटना में एक जने के मौत हो गइल। एही बीच तीन लोग अउरी गंभीर रूप से घायल हो गइले।

Advertisement

द्वारका सेक्टर 23 के भरथल गांव में तेल टैंकर में वेल्डिंग के दौरान अचानक विस्फोट हो गइल। एह दुर्घटना में एक जने के मौत हो गइल। एही बीच तीन लोग अउरी गंभीर रूप से घायल हो गइले। सभे घाही के बगल के इंदिरा गांधी अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां से उनका के सफदरजंग अस्पताल रेफर कऽ दिहल गइल। एक जाना के इलाज के दौरान मौत हो गइल।

मरेवाला के पहचान बिजवासन निवासी मायाराम (36) के रूप में भइल बा। घाही के पहचान भरथल गांव के निवासी राकेश (32), फैयाज (22) अउरी समीर (23 साल) के रूप में भइल बा। क्राइम अउरी फोरेंसिक टीम मौका से कुछ सबूत बरामद क लेले बिया। पुलिस मामला के जांच में जुटल बिया।

Tags :
Advertisement