टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Delhi Fire: चार मंजिला कारखाना में लागल भारी आग पर काबू पा लिहल गइल, कवनो जानमाल के नुकसान के खबर नइखे

03:49 PM Aug 12, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

राजधानी दिल्ली के समयपुर बदलली इलाका में बनल फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल। दुर्घटना का चलते भइल? एकर कारण अभी तक कवनो खुलासा नइखे भइल। फिलहाल आग पर काबू पा लिहल गइल बा।

Advertisement

समयपुर बदलली औद्योगिक क्षेत्र में सोमवार के सबेरे एगो जींस फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल। सूचना मिलते नजदीक के फायर स्टेशन से एगारह गो गाड़ी मौका पs पहुंच गइल। फिलहाल आग पs काबू पा लिहल गइल बा।

दमकल अधिकारी के मुताबिक सबेरे सात बजे कारखाना में आग लाग गइल। आग लगला के बाद फैक्ट्री में मौजूद सब कर्मचारी सकुशल बहरी निकलल बाड़े। एहमें कवनो जानमाल के नुकसान नइखे भइल। चार मंजिला कारखाना में लागल आग बुझा देवल गइल बा। आग लागे के कारण के बारे में अभी तक कवनो खुलासा नइखे भइल।

फायर विभाग के अधिकारी अशोक जायसवाल बतवले कि आज सबेरे करीब 7 बजे आग लगला के बारे में हमनी के जानकारी मिलल। ओकरा बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी के घटना स्थल पs भेजल गइल। ई चार मंजिला फैक्ट्री हs जवन जींस बनावेला। ए घटना में अभी तक केहु के जानमाल के नुकसान नइखे भइल। आग पर काबू पा लिहल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri khabarbig breaking newsdelhiDelhi newsfire caught in Jean's factorykhabarBhojpuriOfficial
Advertisement
Next Article