टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अरविंद केजरीवाल के मिली जमानत? आज सुप्रीम कोर्ट सुनाई अहम फैसला

08:32 AM Sep 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
केजरीवाल के जमानत पs फैसला आजु: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

सीबीआई मामिला में दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के जमानत याचिका पs सुप्रीम कोर्ट शुक के दिने आपन फैसला दी. एकरा अलावे सुप्रीम कोर्ट गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका पs भी आपन फैसला दिही। न्यायमूर्ति सूर्य कांत आ न्यायमूर्ति उज्जल भुईयां के पीठ आजु सबेरे साढ़े दस बजे के बाद फैसला दे सकेले. बता दीं कि ईडी केस में केजरीवाल के जमानत मिल चुकल बा अवुरी सीबीआई केस में सीएम केजरीवाल जेल में बाड़े, जवना पs फैसला आज आई।

कोर्ट एs फैसला के सुरक्षित रखले रहे

केजरीवाल के दू गो याचिका पs न्यायमूर्ति सूर्य कांत आ न्यायमूर्ति उज्जल भुईयां के पीठ आपन फैसला दी. पहिला, सीबीआई मामला में दायर जमानत याचिका पs अवुरी दूसरा गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका पs फैसला आई। एs मामला के आखिरी सुनवाई 5 सितंबर के भईल रहे, जवना में न्यायमूर्ति सूर्य कांत अवुरी न्यायमूर्ति उज्जल भुईयां के पीठ सभ पक्ष के तर्क सुनला के बाद आपन फैसला सुरक्षित रखले रहे। कोर्ट केजरीवाल के राहत देवे के संकेत देले रहे। हालांकि कोर्ट इहो कहले रहे कि दुनो पक्ष के सुनवाई के बाद ही उs आपन फैसला दिही।

सीबीआई कवन दलील दिहलस?

एकरा संगे सीबीआई कहलस कि शराब घोटाला के मुख्य आरोपी केजरीवाल बाड़े। उनुका खिलाफ सबूत बा। केजरीवाल साँप आ सीढ़ी के खेल खेल रहल बाड़े। सीबीआई के गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका सही नईखे। कवनो संवैधानिक अधिकार के हनन नइखे भइल। जांच के आधार पs मजिस्ट्रेट गिरफ्तारी के मंजूरी दे देले रहले। केजरीवाल के 21 मार्च के ईडी गिरफ्तार कईले रहे, तब से उs जेल में बाड़े। हालांकि लोकसभा चुनाव से पहिले उनुका के प्रचार खातीर तीन सप्ताह के जमानत मिल गईल रहे।

 

 

 

 

Tags :
Aam Aadmi partyArvind KejriwalcbiDelhi liquor scampoliticsSupreme CourtTihar Jail
Advertisement
Next Article