For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

School Holiday: दिल्ली, नोएडा समेत एह जगहा पs बंद भइल स्कूल, जानीं अब कब ले खुली विद्यालय

09:01 AM Jan 03, 2024 IST | Minee Upadhyay
school holiday  दिल्ली  नोएडा समेत एह जगहा पs बंद भइल स्कूल  जानीं अब कब ले खुली विद्यालय
Advertisement

Advertisement

स्कूल के छुट्टी : दिल्ली-एनसीआर समेत देश के अधिकांश भाग में बहुत जाड़ा होखता। अइसना में लगातार ठंड के लहर के चलते नोएडा में नर्सरी से लेके कक्षा आठ ले के स्कूल बंद हो गईल बा। ए संबंध में आधिकारिक नोटिस जारी कs दिहल गईल बा। अधिसूचना के मुताबिक नोएडा में नर्सरी से लेके आठवीं कक्षा ले के सभ स्कूल 6 जनवरी शनिचर ले बंद रही। ध्यान रहे कि दिल्ली अवुरी हरियाणा के स्कूल भी काल्ह से 6 जनवरी ले बंद बा।

निजी स्कूलन खातिर आदेश'.

गौतम बुद्धनगर प्रशासन के अधिसूचना के मुताबिक, आपन-आपन बोर्ड से जुड़ल सभ स्कूल बंद रही अवुरी आदेश के कड़ाई से पालन करे के कहल गईल बा। एगो अधिकारी कहले कि सरकारी आदेश ओ निजी स्कूल खातीर बा, जहां अबे ले कक्षा चलता। अधिकारी बतवले कि 14 जनवरी ले सभ सरकारी स्कूल में जाड़ा के छुट्टी चलता।

लखनऊ आ वाराणसी में भी स्कूल बंद

नोएडा ही ना, उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में जिला प्रशासन भी भयंकर सर्दी के चलते कक्षा 1 से 8 के छात्र खातीर 6 जनवरी ले स्कूल बंद राखे के आदेश देले बा। पिछला हफ्ता वाराणसी जिला प्रशासन भी कक्षा 1 से कक्षा 8 ले के छात्र के 6 जनवरी ले स्कूल बंद करे के घोषणा कईले रहे।

Tags :
Advertisement