टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली पुलिस के यूनिफॉर्म बदलले के प्लान, टी-शर्ट आ ‘कार्गो’ पैंट समेत ई होई बदलाव

07:44 AM Jul 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दिल्ली पुलिस अपना जवानन के वर्दी के इंस्पेक्टर से बदल के कांस्टेबल रैंक करे के योजना बनावत बिया. आधिकारिक सूत्र बुध के दिने ई जानकारी दिहले बाड़न. एह फोर्स में फिलहाल 90 हजार से अधिका जवान बाड़े, जवना में ‘डीएएनआईपीएस’ अवुरी ‘एजीएमयूटी’ संवर्ग के आईपीएस (भारतीय पुलिस सेवा) के अधिकारी शामिल बाड़े। नाम ना बतावे के मांग करत एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि राष्ट्रीय राजधानी में मौसम के हालत के चलते फोर्स वर्दी बदले पs विचार करतिया। उs कहले कि, "अभी योजना के दौर में बा अवुरी अबे ले कुछूओ तय नईखे भईल। बाकिर बदलाव भईला पs भी खाकी रंग बनल रही।"

वर्दी मौसम के हिसाब से होई

दिल्ली पुलिस अपना जवानन के गर्मी में टीशर्ट आ ‘कार्गो’ पैंट आ जाड़ा में ऊनी शर्ट, पैंट के साथे-साथे स्पेशल क्वालिटी के ‘वार्मर’ उपलब्ध करावे पs विचार करत बिया. अधिकारी बतवले कि दिल्ली के कुछ हिस्सा में सिपाही लोग के प्रयोगात्मक आधार पs खाकी रंग के टीशर्ट अवुरी 'कार्गो' पैंट दिहल गईल बा।

‘कार्गो’ पैंट पs विचार कइल जा रहल बा काहे कि कर्मी डायरी, मोबाइल फोन, चार्जर आ हथियार जइसन कई गो सामान ले के चल सकेलें. कई देशन में कानून व्यवस्था के जवान ‘कार्गो’ पैंट पहिरेलें, जइसे कि भारत में विशेष बल भा अर्धसैनिक जवानन के कमांडो.

जूता, जैकेट अवुरी टोपी में भी बदलाव हो सकता

सूत्र बतवले कि कार्यालय में काम करेवाला जवान के अलग-अलग वर्दी भी दिहल जा सकता। उs कहले कि मौसम के हिसाब से जूता, जैकेट अवुरी टोपी में भी बदलाव हो सकता। बल झंडा फहरावे आ परेड जइसन समारोह से जुड़ल वर्दी बदले के योजना भी बनावत बिया।

 

 

 

Tags :
Delhi PolicepoliceUniform
Advertisement
Next Article