For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

विधायकन के खरीद-फरोख्त मामिला में केजरीवाल के नोटिस देवे खातीर पहुंचल दिल्ली पुलिस, मचल जबरदस्त बवाल

11:46 AM Feb 03, 2024 IST | Minee Upadhyay
विधायकन के खरीद फरोख्त मामिला में केजरीवाल के नोटिस देवे खातीर पहुंचल दिल्ली पुलिस  मचल जबरदस्त बवाल
Advertisement

दिल्ली में एक बेर फेर से सियासत बढ़ रहल बा। सुक के नोटिस ना मिलला के बाद दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच के टीम शनिचर के सीएम केजरीवाल के आवास पs पहुंच गईल। विधायक के खरीद-फरोख्त के मामिला में पुलिस अरविंद केजरीवाल के नोटिस देवे गईल रहे।एs दौरान केजरीवाल के आवास के बहरी भारी हंगामा मच गईल।

Advertisement

संज्ञान लेबे खातिर तइयार सीएम कार्यालय

सूत्र के मुताबिक मुख्यमंत्री कार्यालय इs नोटिस लेवे के सहमति देले बा। साथही सीएम कार्यालय से कहल गइल बा कि पुलिस टीम नोटिस देबे नइखे आइल। उs केजरीवाल के बदनाम कईल चाहतारी अवुरी एहीसे उs मीडिया के लेके आईल बाड़ी। पुलिस के मकसद नोटिस देवे के नईखे बालुक बदनाम कईल बा। सूत्र के दावा बा कि क्राइम ब्रांच के अधिकारी सीएम कार्यालय के रसीद नईखन देत।

पुलिस आतिशी के नोटिस भी दिही

एही मामिला में अपराध शाखा दिल्ली सरकार के मंत्री आतिशी के भी नोटिस दिही। हालांकि फिलहाल उs दिल्ली से बाहर बाड़ी, एहसे जब उs लवट आई तs पुलिस उनुका के नोटिस दे दिही। बता दीं कि आतिशी चुपके से आरोप लगवले रहली कि भाजपा आम आदमी पार्टी के विधायकन के 25-25 करोड़ रुपिया के पेशकश करत बिया। पार्टी के 7 विधायक के तोड़े के कोशिश कईल गईल बा। उ कहले रहले कि जब समय आई तs हमनी के एगो ऑडियो क्लिप जारी कs देब।

Tags :
Advertisement