Delhi Election 2025 Date: दिल्ली चुनाव के तारीखन के आज एलान, चुनाव आयोग दु बजे करी प्रेस कॉन्फ्रेंस
Delhi Assembly Election 2025 Date: राजधानी दिल्ली में चुनाव आयोग आज विधानसभा चुनाव के तारीखन के घोषणा करे वाला बा। मिलल जानकारी के मोताबिक, चुनाव आयोग दुपहरिया दु बजे चुनावी कार्यक्रम साझा करे खातिर एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस करी। दिल्ली में 70 विधानसभा सीट बा। मवजूदा विधानसभा के कार्यकाल 23 फरवरी के समाप्त होखे वाला बा।
अंतिम मतदाता सूची हो चुकल बा जारी
बीतल सोमार के दिल्ली विधानसभा चुनाव के लेके चुनाव आयोग अंतिम मतदाता सूची जारी कइले बा। एह चुनाव में दु लाख के करीब मतदाता 18 से 19 बरिस के बा। ऊ पहिला बेर विधानसभा चुनाव में अपना मताधिकार के इस्तेमाल करी लो। एह सूची में कुल एक करोड़ 55,24,858 मतदाता बा। एमे पुरुष मतदाता 85,49,645 बा, जबकि 71,73,952 महिला मतदाता बा लो। थर्ड जेंडर 1,261 बा लो।
प्रक्रिया के तहत नाम जोड़ल आ हटावल जाला
चुनाव आयोग कहलस कि चुनाव प्रक्रिया आ मतदाता सूची खातिर नाम प्रक्रिया के तहत जोड़ल आ हटावल जाला। एकरा खातिर फॉर्म छह आ फार्म सात होला। नामन के घटावे आ जोड़े के जानकारी समय-समय पर राजनीति दलों को दी जाती है।
1,67,329 नया मतदाता जुड़लें
चुनाव आयोग से मिलल जानकारी के मोताबिक दिल्ली में एक महीना में 29 अक्टूबर से 28 नवंबर तक 1,35,089 मतदाता फार्म- 6 आ 83,825 फार्म-8 के तहत मतदाता सूचियन में नाम जुड़वावे, पता बदले, नाम के सूची से हटावे आ आपत्तियन आउर सुझाव खातिर आवेदन कइलस। चुनाव आयोग के संबंधित अधिकारी सब आवेदनन के 24 दिसंबर तक सुलझा दिहल लो। एह तरे अंतिम मतदाता सूची जारी होखे तक 3,08,942 नया नाम मतदाता सूचियन में जुड़ल। 1,41,613 नाम हटावल गइल। एह दौरान कुल 1,67,329 मतदाता नया जुड़ल।
हर आवेदन के जांचल गइल
चुनाव आयोग पवलस कि 16 दिसंबर से एक माह में 5.10 लाख नया लोग आपन नाम जुड़वावे खातिर आवेदन कइल। अइसन पहिला बेर भइल। अइसन तब भइल जबकि तय समय में तीन लाख से जादे मतदाता नया सूची में जुड़ चुकल रहे लो। काहेकि अइसन 20 दिन के भीतर होत रहे जब आपत्तियन के जांच के समय गुजर चुकल रहे। ई तत्काल जांच के विषय रहे। सब चुनाव पंजीकरण अधिकारियन-ईआरओ के जांच खातिर निर्देशित कइल गइल। हर आवेदन के जांचल गइल। संबंधित अधिकारियन के सौ फीसदी सत्यापन खातिर कहल गइल बा।
फरवरी में खत्म हो रहल बा दिल्ली विधानसभा के कार्यकाल
विधानसभा के कार्यकाल 23 फरवरी, 2025 तक के बा। एकरा पहिले दिल्ली विधानसभा के गठन करे खातिर चुनाव होखे के बा। एकरा खातिर दिल्ली के मुख्य निर्वाचन अधिकारी कार्यालय के ओर से तइयारी कइल जा रहल बा।
इहो पढ़ीं: Gorakhpur Mahotsav: आज सार्वजनिक होई कलाकारन के नाम, चंपा देवी पार्क में तइयारी अंतिम दौर में