टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली में अबे केतना दिन ले होई बरखा? पंजाब, हरियाणा आ पहाड़ी राज्यन खातीर मौसम विभाग दिहलस बड़ अपडेट

08:07 AM Aug 03, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

देश के अधिकांश हिस्सा में भारी बरखा हो रहल बा। पहाड़ में बरखा के चलते भूस्खलन के घटना बढ़ल बा। केरल के पहाड़ी जिला वायनाड में भारी बरखा से तबाही मच गइल बा. बरखा के चलते जिला में बहुत भूस्खलन के खबर बा। एकरा चलते 300 से जादे लोग के मउत हो गईल। राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में भी दु दिन पहिले यानी बुध के भारी बरखा भईल रहे। दिल्ली में भइल भारी बरखा के चलते दू जने के मउत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.

अगिला चार दिन ले दिल्ली में बरखा के अलर्ट

एही बीच भारतीय मौसम विभाग (आईएमडी) दिल्ली, हरियाणा, पंजाब अवुरी बिहार समेत कई राज्य खातीर बरखा के अलर्ट जारी कईले बा। अगिला चार दिन ले दिल्ली में बरखा होखे के अनुमान लगावल गइल बा.  आईएमडी के कहना बा कि दिल्ली में शनिचर से सोमार ले बरखा के संभावना बा. मौसम विभाग मंगल 6 अगस्त के दिल्ली में हल्का बरखा के अनुमान लगवले बा.

पंजाब, हरियाणा अवुरी हिमाचल में भी भारी बरखा होई

मौसम विभाग के कहना बा कि अगिला कुछ दिन में दिल्ली में अधिकतम तापमान 34-35 डिग्री सेल्सियस के आसपास होखे के उमेद बा. न्यूनतम तापमान 26-27 डिग्री सेल्सियस के आसपास होखे के संभावना बा। दिल्ली के संगे पंजाब, हरियाणा-चंडीगढ़ अवुरी हिमाचल प्रदेश के बहुत जिला में बरखा के संभावना बा।

उत्तराखंड में अगिला 2 दिन ले बारिश के अलर्ट

बुध के उत्तराखंड में भईल भारी बरखा के चलते 12 लोग के मउत हो गईल अवुरी करीब 6 लोग घाही हो गईले। स्थानीय मौसम विभाग के कहनाम बा कि अगिला दु दिन ले राज्य में भारी बरखा के संभावना बा। भारी बरखा के अलर्ट के बीच प्रशासन के सतर्क राखल गईल बा। भूस्खलन नियर घटना ढेर ऊँचाई वाला इलाका सभ में हो सके ला।

बिहार के एह जिलन में भारी बरखा के अलर्ट

बिहार के कई जिला में भारी बरखा के अलर्ट जारी कs दिहल गईल बा। बरखा के संगे ग्रामीण इलाका में गरज अवुरी बिजली के संभावना बा। स्थानीय प्रशासन लोग के सावधान रहे के सलाह देले बा। मौसम विभाग औरंगाबाद, बांका, गया, जमुई, नवादा में अगिला दू दिन खातिर भारी बरखा के अलर्ट जारी कइले बा।

 

 

 

Tags :
Heavy Rainheavy Rainfallrain in delhi ncrWeather Update
Advertisement
Next Article