टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कोर्ट से सीएम केजरीवाल के बड़ झटका, एह तारीख के अदालत में पेश होखे के आदेश

04:52 PM Feb 07, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

दिल्ली शराब घोटाला के मामिला में दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के परेशानी बढ़त जाता। ईडी समन के अनदेखी करे वाला सीएम केजरीवाल के कोर्ट से बड़हन झटका लागल बा। दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट केजरीवाल के समन जारी कs के कोर्ट में पेश होखे के आदेश देले बिया। बता दीं कि अब तक दिल्ली के सीएम केजरीवाल के प्रवर्तन निदेशालय के ओर से 5 समन जारी हो चुकल बा लेकिन उs अबे ले पूछताछ खातीर तइयार नईखन भईल।

Advertisement

एह तारीख के हाजिर होखे के आदेश

दिल्ली शराब घोटाला के मामिला में 5 बेर समन के बावजूद दिल्ली के सीएम केजरीवाल के हाजिर ना होखे के खिलाफ ईडी के ओर से राउस एवेन्यू कोर्ट में याचिका दायर भईल। एह मामिला में कोर्ट बुध का दिने आपन फैसला सुनवले बिया. कोर्ट दिल्ली के सीएम केजरीवाल के 17 फरवरी के कोर्ट में पेश होखे के आदेश देले बिया।

आप के बयान समन पs आईल बा

राऊस एवेन्यू कोर्ट के ओर से दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के भेजल नोटिस पs आप के बयान सामने आईल बा। पार्टी कहले बिया कि हमनी के कोर्ट के आदेश के अध्ययन करतानी। एकरा बाद हमनी के कानून के मुताबिक कार्रवाई करब। पार्टी के कहनाम बा कि हम कोर्ट के बता देब कि कइसे सभ ईडी समन गैरकानूनी रहे।

वकील केजरीवाल के ओर से ना गईले

आज जब ईडी के अधिकारी कोर्ट पहुंचले तs जज साहब पूछले कि का उनुका लगे अवुरी कवनो सबमिशन बा, जवना पs ईडी के अधिकारी कहले कि उs लोग आपन तर्क दे चुकल बाड़े। अगर कवनो सफाई बा तs ASG SV राजू VC के संगे जुड़ जईहे। जानकारी के मुताबिक आज अरविंद केजरीवाल के ओर से कवनो वकील अदालत में पेश ना भईल। एकरा बाद साँझ चार बजे एसीएमएम दिव्या मल्होत्रा ​​अपना फैसला के फैसल कइली।

आप नेता आतिशी आरोप लगवले

दिल्ली के मंत्री आतिशी के कहनाम बा कि, "भाजपा अवुरी पीएम मोदी अरविंद केजरीवाल के खतम कईल चाहतारे। अब उs लोग साफ कs देले बाड़े कि बिना कवनो केस चाहे ईसीआईआर के छापामारी कईल जाता।" का ईs प्रीमियर इन्वेस्टिगेशन एजेंसी हs?...आज ईडी के इस्तेमाल खाली ओह लोग के (भाजपा) राजनीतिक प्रतिद्वंद्वियन के खतम करे खातिर हो रहल बा आ एह सूची में अरविंद केजरीवाल नंबर वन बाड़े।

 

 

Tags :
Arvind Kejriwalbreaking newsDelhi LiquorEnforcement DirectorateRouse Avenue court
Advertisement
Next Article