टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली आ फरीदाबाद वालन खातीर बड़ खबर, सरिता विहार फ्लाईओवर 2 महीना ले रही बंद, एs दिन से सुरू होई मरम्मत

09:58 AM May 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

 

दिल्ली आ फरीदाबाद के जनता खातिर बड़ खबर आइल बा. दिल्ली के मथुरा रोड पs स्थित सरिता विहार फ्लाईओवर 2 महीना खातिर बंद होखे जा रहल बा। एकर मरम्मत के काम 10 जून से सुरू हो जाई।

पहिले एह फ्लाईओवर के मरम्मत के काम जून 2023 में होखे वाला रहे बाकिर ना हो सकल. फेर एकरा खातिर 1 मई के तारीख तय हो गईल बाकीर आज भी इs काम ना हो पावल। अब खबर बा कि 10 जून से मरम्मत के काम शुरू हो जाई, ओकरा बाद 60 दिन ले इs फ्लाईओवर बंद रही।

ध्यान देवे वाला बात बा कि सरिता विहार फ्लाईओवर से रोज हजारन गो गाड़ी गुजरेली सs, एहसे एकरा के बंद कईला से दोसरा सड़क पs यातायात पs असर पड़ सकता। हालांकि इहाँ इs जानल जरूरी बा कि फ्लाईओवर खाली एक दिशा में बंद होई, दूसरा ओर खुलल रही अवुरी एकरा पs गाड़ी के आवाजाही जारी रही।

मरम्मत चार चरण में कईल जाई

फ्लाईओवर के मरम्मत के काम 4 चरण में पूरा होई। पहिला चरण में आश्रम से फरीदाबाद जाए वाली सड़क के मरम्मत करावल जाई। दूसरा चरण में एs दिशा में बचे वाला सड़क के मरम्मत कईल जाई। तीसरा आ चउथा चरण में फरीदाबाद से आश्रम आवे वाली सड़क के मरम्मत करावल जाई.

वैकल्पिक रास्ता का होई?

सरिता विहार फ्लाईओवर बंद होखला के चलते दिल्ली से फरीदाबाद के ओर ऊपर नीचे जाए वाला लोग के परेशानी के सामना करे के पड़ी। अयीसना में वैकल्पिक मार्ग के सूची तैयार कईल जाता, ताकि ड्राइवर के जादे समस्या के सामना ना करे के पड़े।

 

 

 

 

Tags :
delhifaridabadFlyover
Advertisement
Next Article