For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दिल्ली में एह सड़कन पs जाए से बची, फंस सकेनी लंबा जाम में, ईहां रही रूट डायवर्जन

11:49 AM Apr 01, 2024 IST | Minee Upadhyay
दिल्ली में एह सड़कन पs जाए से बची  फंस सकेनी लंबा जाम में  ईहां रही रूट डायवर्जन
Advertisement
दिल्ली के प्रगति मैदान में भारत मंडपम में सोमार के दिने साँझ चार बजे से दस बजे ले तरह तरह के कार्यक्रम के आयोजन कइल जाई। एकरा बारे में दिल्ली पुलिस ट्रैफिक एडवाइजरी जारी कईले बिया। ट्रैफिक पुलिस के कहनाम बा कि भारत मंडपम में हो रहल कार्यक्रम के चलते कुछ सड़क 6 घंटा ले बंद रही अवुरी कुछ सड़क डायवर्ट होई। पुलिस के कहनाम बा कि इहाँ भारी संख्या में लोग के जुटान होखे के उम्मेद बा।  एकरा चलते भारत मंडपम के आसपास के सड़क पs जाम हो सकता।

*प्रगति मैदान के आसपास जइले से बची ।

Advertisement

*यातायात पुलिस के कहनाम बा कि चालक आ यात्री लोग से निहोरा बा कि हो सके तs सार्वजनिक परिवहन के अधिकतम उपयोग करस। प्रगति मैदान के आसपास के सड़कन से बची।

*मथुरा रोड, भैरों मार्ग आ सुब्रमण्यम भारती मार्ग पs कवनो गाड़ी ना रुक सके आ ना खड़ा हो सके।

*मथुरा रोड, भैरों मार्ग आ सुब्रमण्यम भारती मार्ग पs खड़ा कवनो गाड़ी के चालन करावल जाई

एजु रूट डायवर्जन रहीं 

*तिलक मार्ग-भगवान दास रोड क्रॉसिंग

*पुराना किला रोड-मथुरा रोड क्रॉसिंग

*शेरशाह रोड-मथुरा रोड क्रॉसिंग

*डॉ. जाकिर हुसैन मार्ग-सुब्रमण्यम भारती मार्ग

  क्रॉसिंग

*पंडारा रोड-सुब्रमण्यम भारती मार्ग क्रॉसिंग

 क्यू-प्वाइंट

*गोलचक्कर मान सिंह रोड

*गोलचक्कर जसवन्त सिंह रोड

*कस्तूरबा गांधी मार्ग-फ़िरोज़शाह रोड क्रॉसिंग

*गोल चक्कर मंडी हाउस

एह सड़कन पs जाए से बचीं, फंस सकेनी जाम में

*पुराना किला रोड

*शेरशाह रोड

*मथुरा रोड डब्ल्यू-प्वाइंट से मथुरा रोड सी-हेक्सागोन, इंडिया गेट ले

रेलवे स्टेशन आ एयरपोर्ट जाए वाला लोगन के ध्यान देवे के चाही

एडवाइजरी में इहो कहल गइल बा कि आईएसबीटी, रेलवे स्टेशन भा हवाई अड्डा के ओर जाए वाला यात्रियन के यात्रा के योजना सावधानी से करे के चाहीं। लोग के घर से जल्दी निकले के चाही।  रास्ता में जाम हो सकेला।  एहसे पर्याप्त समय के संगे यात्रा करीं।

Tags :
Advertisement