For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दिल्ली: तिहाड़ जेल में फेर जंग, बदला के आग में दु कैदियन पs हमला, फोन रूम में मारपीट

11:32 AM Jul 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
दिल्ली  तिहाड़ जेल में फेर जंग  बदला के आग में दु कैदियन पs हमला  फोन रूम में मारपीट
Advertisement

Advertisement

एक बेर फेरु दिल्ली के तिहाड़ जेल में कैदियन के बीच झगड़ा हो गइल बा. अबकी बदला लेबे खातिर दू गो कैदी पs हमला भइल जवना में दुनु कैदी घवाहिल हो गइले. इs झगड़ा जेल के फोन रूम में भईल। जवना में लवली आ लवीश नाम के दू गो कैदी घवाहिल हो गइल बाड़े. इs घटना शुक के भईल।

पूरा बात का बा?

लोकेश नाम के कैदी पs हमला के आरोप बा। लोकेश के भाई के हत्या के मामला में लवली अवुरी लवीश जेल में रहले। लोकेश जेल के भीतर हमला के योजना बनवले अवुरी योजना में अपना साथी हिमांश अवुरी अभिषेक के शामिल कईले।

मौका देख के लोकेश अवुरी उनुकर साथी लवली अवुरी लवीश पs हमला कs देले। ओह घरी दुनु जाना फोन पs बतियावत रहले। दुनु जने के अस्पताल में भर्ती करावल गइल. देर साँझ के अस्पताल से एक कैदी के जेल ले आवल गइल आ एगो कैदी के आजुओ अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.

Tags :
Advertisement