टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर : लोकतंत्र, संविधान, आरक्षण सब खतरा में बा : सपा के महानगर अध्यक्ष बोललें- ई आवे वाला पीढ़ी के भविष्य के चुनाव

08:00 AM Mar 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

लोकसभा चुनाव के बिगुल बजतही राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा। सब पार्टियन के स्थानीय इकाई अपना दायित्व के क्षेत्र वाला बूथन के मजबूत करे में जुट गइल बाड़ी सस। अतवार के समाजवादी पार्टी के जिला कार्यालय पs महानगर अध्यक्ष शब्बीर कुरैशी के अध्यक्षता में पार्टी कार्यकर्तन के मीटिंग भइल। एमे लोकसभा चुनाव के रणनीतियन पs चरचा कइल गइल। एह दौरान शब्बीर कुरैशी कहलें कि अब समय आ गइल बा कि सब कार्यकर्ता एकजुट होके समाजवादी पार्टी के जितावे में लाग जाव लो।

Advertisement

ऊ कहलें कि 2024 के लोकसभा चुनाव आवे वाली पीढ़ी के भविष्य के चुनाव हs। एह समय लोकतंत्र, संविधान, आरक्षण सब पs खतरा बा। महानगर अध्यक्ष कहलें कि भाजपा 2024 के चुनाव जीते खातिर कवनो स्तर पs उतर सकत बिया। समाजवादी पार्टी के कार्यकर्तन पs लोकतंत्र बचावे के जिम्मेदारी बा। ऊ कहलें कि भाजपा सरकार में लूट मचल बा। भ्रष्टाचार, अपराध, बेरोजगारी आ महंगाई चरम पs बा। ई सरकार हर मोर्चा पs फेल बिया आ आपन नाकामी छुपावे खातिर झूठ वादा करेले।

PDA के सनेस जन-जन तक पहुंचावल जाव

शब्बीर कहलें कि सपा के कार्यकर्ता, नेता बूथ लेवल पs पार्टी संगठन के मजबूत कs के PDA के सनेश जन-जन तक पहुंचावे लो। समाजवादी सरकार के उपलब्धि लोगन के बताईं आ प्रत्याशियन के बहुमत से जितावे में लाग जाईं। ऊ कहलें कि भाजपा के लेके जनता में भारी रोष बा। ई अहंकारी सरकार विपक्षी नेता लोगन पs फर्जी मुकदमा लगाके जेल भेजवा रहल बिया। एह सरकार में बेयपारियन के उत्पीड़न कइल जा रहल बा। किसान महंगाई आ कर्जा से परेसान बा।

भर्ती परीक्षा के पेपर लीक होखला से निराश बा लो छात्र

महानगर अध्यक्ष कहलें कि किसानन के आय दोगुना करे के वादा जुमला निकलल। इहां नौजवानन के भविष्य अंधकार में बा। भर्ती परीक्षा के पेपर लीक होखला से छात्र निराश बा लो। एह दौरान लालडिग्गी के रहे वाला भाजपा कार्यकर्ता दिग्विजय मौर्य अपना दर्जनन सर्मथकन के संगे सपा ज्वाइन कइलें। मीटिंग में हीरालाल यादव, चंद्रभान प्रजापति, जनार्दन चौधरी मैना भाई, इमरान खान, अशोक चौधरी, कमर कुरैशी, राजू, अमर अग्रहरि, सच्चिदानंद यादव आदि मवजूद रहे लो।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
2024 Lokashba ElectionBhojpuri NewsElection UpdateGorkahpur NewsSP Meeting
Advertisement
Next Article