टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Deoria News: भटनी रेलवे स्टेशन पऽ एयरपोर्ट जइसन होई सुविधा, खरच होई 43 करोड़

10:59 AM Feb 29, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

भटनी। अमृत भारत योजना के तहत करीब 43 करोड़ रुपिया से भटनी रेलवे स्टेशन के कायाकल्प होई। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के वीडियो कांफ्रेंसिंग से शिलान्यास कर के क्षेत्रवासियन के सौगात दिहले। काम पूरा भइला के बाद रेल यात्रियन के एयरपोर्ट जइसन सुविधा देवे के दावा कइल गइल। ओहिजा, क्षेत्रीय सांसद केंद्र आ प्रदेश सरकार के उपलब्धियन के गिनवले आ तीसरका बेर मोदी सरकार बनवावे के अपील कइले। शिलान्यास कार्यक्रम में लोग प्रधानमंत्री के सुनलस आ हाईटेक रेलवे स्टेशन बनला पऽ खुशी जतवलस।

Advertisement

भटनी रेलवे स्टेशन के अमृत भारत योजना के तहत मॉडल स्टेशन के रूप में तइयार करे के काम शुरू कर दिहल गइल बा। करीब 43 करोड़ के लागत से बने वाला रेलवे स्टेशन मूलभूत सुविधा से लैस होई। सदर सांसद डॉ. रमापति राम त्रिपाठी कहले कि केंद्र आ प्रदेश सरकार बुनियादी जरूरतन के ध्यान में राखत सभकर विकास कर रहल बिया। रेलवे स्टेशन, अस्पताल, बिजली घर, सड़क, पानी समेत मूलभूत सुविधा हर घर में पहुंचावल जा रहल बा।

एकरा पहिले नगर के तीन गो विद्यालयन में भइल निबंध लेखन आ चित्रकला प्रतियोगिता में अव्वल विद्यार्थियन के सांसद पुरस्कृत कइले। चेयरमैन विजय कुमार गुप्त विभिन्न ट्रेनन के ठहराव आ केवड़ा में टिकट घर खोले के मांग के लेके ज्ञापन दिहले। एही दौरान जिला पंचायत सदस्य अजित सिंह, डॉ. संजीव शुक्ल, योगेश प्रजापति, अमित कुमार मिश्र, विनोद दीक्षित, रमेश चंद्र वर्मा, हितेंद्र तिवारी, दीपक वर्मा, राम अवतार कुशवाहा आदि मौजूद रहलें।

प्रधानमंत्री कइले अंडरपास के वर्चुअल शुभारंभदे वरिया।

गौरीबाजार के भगुआ स्थित सिरजम, पथरहट आ तेंनुई पऽ निर्मित अंडरपास के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वर्चुअल शुभारंभ कइले। रेलवे वाराणसी मंडल के तत्वावधान में विविध कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। गौरीबाजार क्षेत्र के सिरजम पथरहट तेनुई मार्ग जोड़े खातिर बनल अंडरपास के लोग सरऽहलस। अध्यक्षता नगर पंचायत अध्यक्ष प्रदीप मद्धेशिया और संचालन विनोद मिश्र कइलें।

स्टेशन अधीक्षक रवि प्रकाश सिंह आभार जतवले। एही दौरान अरविंद पांडेय, आदित्य सिंह, जिला पंचायत सदस्य विनय कुमार जायसवाल, ग्राम प्रधान इंद्रदेव निषाद, स्टेशन इंजीनियर जटाशंकर यादव, मोनू मिश्रा, जितेंद्र यादव आदि मौजूद रहलें।

ए छात्र लो के कइल गइल सम्मानित

अलगा - अलगा विद्यालय से आइल विद्यार्थियन के कार्यक्रम में विकसित रेलवे के परिदृश्य के सुंदर रूप में प्रस्तुत कइले। निबंध, पेंटिंग में अव्वल रहल छात्रा नेहा प्रजापति, सिद्धि सिंह, सोफिया अंसारी, नेहा चौरसिया, गंगोत्री पब्लिक स्कूल के दिव्यांशु मिश्रा, अतुलेश मिश्रा,खुशी शिवा, मानसी यादव,यशपाल यादव, खुशी यादव, प्रगति बरनवाल, रितु सिंह, खुशबू यादव, नव्या सिंह, पुष्कर यादव, नीतू यादव, मदर प्राइड स्कूल के अंशु यादव, शिवम यादव, प्रिंस यादव, विवेक कुमार सहित अन्य छात्रन के मेडल आ प्रशस्तिपत्र देके सम्मानित कइल गइल।

Tags :
2024 electionBhojpuri NewsBjpDeoriyaelection newsGorakhpur Railway StationGorkhpur railwayGovernment of Uttar PradeshKhabar Bhojpuri NewsNarendra Modirailway station
Advertisement
Next Article