टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Deoria: परीक्षा देके लौट रहल साइकिल सवार छात्रा लो से राह चलत छेड़खानी

09:57 AM Oct 05, 2024 IST | Sonu Kishor
CCTV में कैद भइल घटना
Advertisement

स्कूल से परीक्षा देके साइकिल से घरे लवटत कक्षा 8 के दु लइकी के रास्ता में एकही बाइक पs सवार चार युवक रोक देले। ई घटना बियफे का दिने भइल।

Advertisement

जब लइका ओ लोग के खेत में घसीट के ले आवे के कोशिश कइले तऽ लइकी छात्रा साइकिल फेंक के जान बचावे खाती भाग गइली। जब हल्ला बढ़ल तऽ पास के लोग ओहिजा पहुंच गइले। एकरा से पहिले युवक मौका से भाग गइल। पूरा घटना के सीसी कैमरा में कैद कऽ लिहल गइल बा। जब वीडियो फइलल तऽ पुलिस कार्रवाई में झूल गइल। पुलिस चार गो अनजान आरोपियन का खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बिया।

तरकुलवा थाना क्षेत्र के गांव के निवासी दुगो बालिका छात्रा बगल के स्कूल में आठवीं में पढ़ेली। शुक के सबेरे उऽ परीक्षा में हाजिर होखे खातिर साइकिल से स्कूल गइल रहली। परीक्षा देला के बाद दुनो लइकी साइकिल से घरे लवटत रहली। रास्ता में बाइक सवार चार युवक दुनो के घेर लेले।

इ देख के लइकी छात्रा सबसे पहिले साइकिल छोड़ के ओ लोग से बचे खातिर भागे लगली। तीन युवक एगो लइकी छात्रा के खेत में घसीटे के कोशिश कइले। लइकी लोग हल्ला मचावत करीब 200 मीटर दूर स्थित घर के नजदीक पहुंच गइली। मौका मिलते  बदमाश मौका से भाग गइले। पूरा घटना घर के सीसीटीवी कैमरा में कैद हो गइल बा। पुलिस फुटेज के माध्यम से बदमाशन तक पहुंचे के कोशिश करतिया।

Tags :
Deoria news in BhojpuriDeoria Uttar Pradeshuttar pradesh newsUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article