टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

देवी पचरा: शालिनी दूबे के आवाज में यायावरी वाया भोजपुरी पऽ रिलीज भइल पारंपरिक देवी पचरा 'माई के मंदिर'

05:10 PM Oct 03, 2024 IST | Sonu Kishor
“यायावरी वाया भोजपुरी” के यूट्यूब चैनल पऽ आज बियफे के परंपरागत देवी पचरा 'माई के मंदिर'
Advertisement

भोजपुरी भाषा आ साहित्य खातिर समर्पित संस्था “यायावरी वाया भोजपुरी” के यूट्यूब चैनल पऽ आज बियफे के परंपरागत देवी पचरा 'माई के मंदिर' शालिनि दूबे के आवाज में रिलीज भइल हऽ।

Advertisement

लोक खनक के साथे रिलीज भइल देवी पचरा 

“यायावरी वाया भोजपुरी” के ओर से लोक खनक के साथे रिलीज भइल भोजपुरी परंपरागत देवी पचरा 'शालिनी दूबे' के आवाज से सजल बा। शालिनी दूबे हाल फिल्हाल में जानल चिन्हल नांव बाड़ी। म्यूजिक प्रोडक्शन के जिम्मा 'आरसी प्रोडक्शन' के सुशांत देव आ रवि शंकर विश्वकर्मा उठवले बाड़न। फिल्मांकन के जिम्मा "वन शॉट फिल्म्स" के टीम निभवले बिया जेमे सुमित तिवारी, सुधांशु आ पिंटू प्रमुख बाड़े। इ गीत unpluged फार्मेट में शूट कइल गइल बा जवना में गायिका शालीनी दूबे खुदे अभिनय कइले बाड़ी।

गीत सुने खातिर लिंक प क्लिक करीं

बता दीं कि भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप “यायावरी वाया भोजपुरी” अपना ऐप पऽ देस-बिदेस के कहानियन के सुनावे खातिर जानल जाला। एकरा संगे यूट्यूब चैनल पs हर महीना पारंपरिक, लोक संस्कृति आ भक्ति रस से भरल गीतन के निर्माण कऽ के यूट्यूब चैनल के माध्यम से 'लोक के लोग' तक पहुंचावे के काम संस्था द्वारा कइल जाला।

Tags :
Bhojpuri traditional songkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsReleased on Yayawari Via BhojpuriShalini DubeyShalini Dubey songsong releaseSong Releasedyayawari via bhojpuri
Advertisement
Next Article