टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अब रामलला के साथे सेल्फी ले सकिहें श्रद्धालु, ट्रस्ट सुरू कइलस नया सुविधा

07:55 AM Jul 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

भगवान राम के अयोध्या में बईठला के लगभग 6 महीना बीत गईल। रामलला के आरोहण के बाद अब ले 2 करोड़ से अधिक राम भक्त पूजन कs चुकल बाड़े। रामलला के दर्शन करावे खातिर रोज एक लाख से अधिका श्रद्धालु अयोध्या पहुंच रहल बाड़े। अयोध्या पहुंचे वाला तमाम श्रद्धालु के इच्छा बा कि उs लोग अपना मोबाइल में भगवान राम के संगे एगो तस्वीर कैप्चर करस। एकरा के ध्यान में राखत राम मंदिर ट्रस्ट दर्शन मार्ग पs बहुत जगह सेल्फी पॉइंट बनवले बा। जहां देश भर से आवत राम भक्त भगवान राम के संगे सेल्फी लेत देखाई देतारे। राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट राम जन्मभूमि पथ पs दुगो सेल्फी पॉइंट बनवले बा, जवना के गर्भगृह निहन सजावल गईल बा।

राम मंदिर में मोबाइल बैन

राम मंदिर में मोबाइल पd रोक लगला के बाद भक्तन खातिर ट्रस्ट के ओर से इs सुविधा शुरू कईल गईल बा। बता दीं कि भगवान राम के गद्दी पs बइठला के बाद राम भक्त नवनिर्मित मंदिर में कुछ दिन मोबाइल लेके चलत रहले, बाकिर धीरे-धीरे सुरक्षा के चलते मोबाइल पs रोक लगा दिहल गईल।

श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के कार्यालय प्रभारी प्रकाश गुप्ता बतवले कि रामलीला के परिसर में मोबाइल फोन पs रोक बा। मंदिर परिसर में फोटो आ सेल्फी लेत घरी भक्तन के समस्या के सामना करे के पड़त रहे। एकरा के देखत राम मंदिर ट्रस्ट मोबाइल फोन पs पूरा तरीका से रोक लगा देले रहे। बाकिर, अब राम जन्मभूमि पथ पs राम भक्त खातीर दु जगह सेल्फी पॉइंट बनावल गईल बा। कई गो अउरी जगहन पs भी सेल्फी प्वाइंट बनावे के तइयारी चल रहल बा।

भक्त लोग ट्रस्ट के धन्यवाद दिहल

बनारस से अयोध्या आईल भक्त प्रियंका बतवली कि रामलला के देखला के बाद उमंग महसूस भईल। सेल्फी प्वाइंट पs भगवान राम के साथ सेल्फी लेहनी, बहुत अच्छा लागल। राम मंदिर ट्रस्ट बहुत बढ़िया काम कs रहल बा। हर भक्त में अपना भगवान के संगे फोटो खिंचवावे के इच्छा होखेला। ट्रस्ट एह इच्छा के पूरा कइले बा, ट्रस्ट के बदौलत बा.

 

 

Tags :
ayodhyaRam LalaRam MandirRAM TEMPLESelfie
Advertisement
Next Article