यूपी में गूगल मैप फेर भटकवलस, बिजली के खंभा से भिड़ल श्रद्धालुअन के कार; बेनीराम कटरा में दर्दनाक हादसा
उत्तर प्रदेश के कौशांबी जिला में एक बेर फेर गूगल मैप धोखा दे देलस। गूगल मैप के गड़बड़ी से महाकुंभ के श्रद्धालु रास्ता भटक के कौशाम्बी आ गइल लो। कोहरा में ओह लोगन के कार एगो बिजली के पोल से टकरा गइल। हादसा में मामूली रूप से जख्मी श्रद्धालुअन के इलाज खातिर अस्पताल पहुंचावल गइल।
बाद में सभे दूसरका वाहन से कुंभ मेला क्षेत्र खातिर गइल लो। बिहार प्रांत के गया जिले के रहे वाला जगदंबिका पाल पत्नी आ बेटा के संगे सोमार के मकर संक्रांति पs अमृत स्नान कs के पुण्य के डुबकी लगावे खातिर महाकुंभ खातिर कार से निकललें।
ऊ लोग गूगल मैप के सहारे महाकुंभ जात रहे लो। प्रयागराज क्षेत्र के लगे ऊ लोग अचानक गूगल मैप के वजह से रास्ता भटक के सरायअकिल आ गइल लो। सोमार के रात करीब दु बजे घन कोहरा होखला के कारण ओह लोग के कार सरायअकिल के बेनीराम कटरा के लगे सड़क किनारे लागल बिजली के खंभा से भिड़ गइल।
हादसा में कार क्षतिग्रस्त हो गइल। जगदंबिका पाल आ उनकर पत्नी के चोट आइल। बेनीराम कटरा चौराहा पs मवजूद पुलिस कर्मी घायलन के एंबुलेंस से करारी पीएचसी पहुंचावल लो। इहां प्राथमिक उपचार करवला के बाद तीनो लोग दूसरका वाहन से महाकुंभ खातिर रवाना हो गइल लो।
टायर फटला से अनियंत्रित कार वैन से भिडल,10 श्रद्धालु जख्मी
एकरा अलावे, कौशांबी जिला के सैनी कोतवाली के निंदूरा गांव के लगे नेशनल हाईवे पs टायर फटला से अनियंत्रित भइल कार वैन से टकरा गइल। हादसा दुनो वाहनन में सवार दस श्रद्धालु जख्मी हो गइल लो। पुलिस सभे के एंबुलेंस के मदद से सीएचसी सिराथू में भर्ती करवलस।
एगो महिला के हालत गंभीर होखला पs ओकरा के जिला चिकित्सालय मंझनपुर पहुंचावल गइल। सिद्धार्थ नगर जनपद के घबरुवा थाना अंतर्गत बढ़नी के शिवप्रसाद अपना पत्नी मीरा देवी आउर बेटी रीता मिश्रा के संगे एक्सयूवी कार से प्रयागराज के महाकुंभ मेला आइल रहे लो।
कार उनकर ड्राइवर वीरेंद्र कुमार चलावत रहे लो। मंगर के दुपहरिया संगम स्नान कs के सब लोग घर वापस लवटत रहे लो। रास्ता में सैनी कोतवाली के निंदूरा गांव के लगे राष्ट्रीय राजमार्ग पs अचानक अगिला टायर पंचर होखला से अनियंत्रित कार आगे जा रहल श्रद्धालुओं से भरल वैन से टकरा गइल।
वैन में औरैया जनपद के बिधूना निवासी अनीता देवी पत्नी स्व. सुल्तान सिंह, अजय सिंह, गोविंद, ममता आ राधा के संगही चालक गोविंद समेत सब लोग जख्मी हो गइल। हादसा के बाद चीख-पुकार मचल तs स्थानीय लोगन के भीड़ जुट गइल।
सूचना के बाद आइल कोतवाली पुलिस दुनो वाहनन पs सवार सब दस श्रद्धालुअन के एंबुलेंस के मदद से अस्पताल पहुंचावल। अनीता देवी के हालत गंभीर होखला पs उनका के मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गइल।
Read Also: IndiGo के फ्लाइट में मिलल धमकी भरल चिट्ठी, कुछ अइसन लिखल रहे कि उड़ गइल सबके होश