टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

तीन घंटा से जादे लेट होखे वाली उड़ान के कइल जा सकत बा रद्द, DGCA खराब मौसम खातिर नया एसओपी जारी कइलस

07:58 AM Jan 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

नागरिक उड्डयन महानिदेशालय (डीजीसीए) घना कोहरा आ खराब मौसम इस्थिति के धेयान में रखत सोमार के नया एसओपी (मानक संचालन प्रक्रिया) जारी कइलें। एमे कहल गइल बा कि एयरलाइंस अइसन उड़ानन के पर्याप्त समय से पहिलही रद्द कs सकत बिया। जवना के तीन भा एकरा से जादे लेट होखे के संभावना बा। एसे यात्रियन के होखे वाली असुविधा से बचल जा सकी।

Advertisement

एसे ना खाली यात्रियन के होखे वाला असुविधा से बचल जा सकी बलूक अइसन सूरत में हवाई अड्डा पs भीड़भाड़ के कमो करे मे मदद मिली। डीजीसीए यात्रियन खातिर बेहतर सुविधा, एयरलाइंस आ यात्रियन के बीच बेहतर संचार खातिर ई कदम उठवले बा। कोहरा के वजह से अतवार-सोमार के बड़ संख्या में उड़ानन में देरी भा ओकरा रद्द होखे आ यात्रियन के होखे वाली परेसानी के मद्देनजर ई एसओपी जारी कइल गइल।

उड़ानन में देरी के सटीक जानकारी देवे के होई 

डीजीसीए कहले बा कि एयरलाइंस के अपना उड़ानन में देरी के संबंध में सटीक आ वास्तविक समय के जानकारी देवे के होई। ई सूचना एयरलाइन के संबंधित वेबसाइट पs डालल जाई। एकरा अलावे विमानन कंपनियन के एसएमएस, वाट्सएप आ ईमेल के माध्यम से प्रभावित यात्रियन के एकर पहिले सूचना देवे के होई।

कर्मचारियन के आपन बेवहार संयंमित रखे के होई 

हवाई अड्डन पs कोहरा से प्रभावित उड़ानन के संबंध में यात्रियन के सही से जानकारी देवे खातिर हवाई अड्डन पs कर्मचारियन के आपन बेवहार संयंमित रखे के होई। एकरा संगही विमान कंपनियन के टिकटन पs सिविल एविएशन रिक्वायरमेंट (सीएआर) के बारे में जानकारी प्रकाशित करे खातिर कहल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsdgcaFlight CancellationFlight DelayIndian Airline RulesNew SOPWeather Update
Advertisement
Next Article