टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

धनुष के 'रायन' पहिला दिने कइलस ताबड़तोड़ कमाई, बॉक्स ऑफिस पs मरलस दहाड़

08:47 AM Jul 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दक्षिण फिल्म इंडस्ट्री के सुपरस्टार धनुष के सबसे प्रतीक्षित फिल्म ‘रायन’ आखिरकार 26 जुलाई के सिनेमाघरन में रिलीज हो गइल बा. जबसे एह फिलिम के पहिला पोस्टर निकलल बा तबसे लोग में एकरा बारे में जबरदस्त धूम मचल बा. 100 करोड़ रुपिया के बजट से बनल एह फिलिम में धनुष निर्देशक के रूप में भी काम कइले बाड़न. एह फिलिम के सोशल मीडिया पs ही ना बलुक फिल्म समीक्षकन के भी बेहतरीन समीक्षा मिल रहल बा। एही बीच फिल्म ‘रायन’ के पहिला दिन के बॉक्स ऑफिस कलेक्शन के खुलासा भइल बा.

रायन के पहिला दिन के संग्रह

धनुष के एक्शन ड्रामा फिल्म ‘रायन’ में रोमांस आ सस्पेंस के साथे जबरदस्त एक्शन देखावल गइल बा. बता दीं कि ई उनकर दूसरका फिलिम हs जवना के निर्देशन उहाँ के कइले बाड़न. सोशल मीडिया पs फिल्म के नाम ही ना बल्कि एकर स्टार कलाकारन के भी बहुत ट्रेंड हो रहल बा। धनुष अभिनेता आ निर्देशक के रूप में दर्शकन के दिल जीत लिहले बाड़न. फिल्म ‘रायन’ पहिला दिने बॉक्स ऑफिस पs भारी पइसा कमा के निर्माता लोग के उम्मीद अउरी बढ़ा दिहले बा. सैकनिल्क के रिपोर्ट के मुताबिक, 'रायन' के ओपनिंग डे पs 12 से जादे कमाई भईल बा।  बता दीं कि ‘रायन’ से पहिले अभिनेता धनुष के फिल्म ‘कैप्टन मिलर’ में देखल गइल रहे. उनकर ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पs सुपरहिट साबित भइल.

थिएटर में रायन डे 1 तमिल (2डी) ऑक्यूपेंसी

*सुबेरे के शो: 48.52%

*दुपहरिया के शो: 50.70%

*सांझ के शो: 55.37%

*रात के शो: 79.99%

धनुष के अलावे एसजे सूर्या, प्रकाश राज, सेल्वाराघवन, संदीप किशन, कालिदास जयराम, दुशारा विजयन, अपर्णा बालामुरली, वरलक्ष्मी सरथकुमार आ सरवनन भी फिल्म ‘रायन’ में मुख्य भूमिका में बाड़े। जइसहीं एह फिलिम के रिलीज भइल तs ट्विटर पs प्रशंसकन के समीक्षा भी आवे लागल बा. बता दीं कि गैंगस्टर ‘रायन’ के कहानी पs आधारित एह फिलिम के संगीत एआर रहमान बनवले बाड़न. फिल्म के केंद्रीय फिल्म प्रमाणीकरण बोर्ड (सीबीएफसी) के ओर से एs ग्रेड दिहल गईल बा।

 

 

 

Tags :
Bollywood newsBox Office CollectionDhanushEntertainmentEntertainment News
Advertisement
Next Article