टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

संतुलित सेहत: डायबिटीज रोगियन में लिवर कैंसर के खतरा अधिक, एs लक्षणन से क‌s सकेनी पहचान

12:18 PM Apr 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

कैंसर शरीर के कवनो हिस्सा में हो सकेला, एs रोग के बहुत खतरनाक मानल जाला। हर साल दुनियाभर में लाखो लोग कैंसर के शिकार होला आ एकर मृत्युदर काफी अधिक रहल बा। लिवर कैंसर वैश्विक स्तर पs स्वास्थ्य के खातिर बड़हन खतरा रहल हs। अध्ययनकर्ता बतवले लाइफस्टाइल के कुछ गड़बड़ आदत लिवर के समस्या, इहां ले के लिवर कैंसर के कारण बन सकेला ।

लिवर कैंसर दुनियाभर के कैंसर से होखे वाला म उत के तीसरका प्रमुख कारण हs। साल 2020 में अनुमानित 8.30 लाखन लोग के एs बेमारी से मृत्यु भ‌इल।

लिवर से संबंधित वैश्विक समस्या के ले के लोगन के जागरूक क‌इले आ एसे बचाव के ले के शिक्षित क‌इले के उद्देश्य से हर साल 19 अप्रैल के विश्व लिवर दिवस मनावल जाला। स्वास्थ्य विशेषज्ञ कहेला कि लिवर में होखे वाला कैंसर पिछिला एक दशक में काफी तेजी से बढ़ल बा, एसे बचाव के लेकर सजौ लोगन के निरंतर प्रयास करत रहे के चाहि।

लिवर में होखे वाला कैंसर

लिवर कैंसर, लिवर के कोशिका में शुरू होला। लिवर कैंसर के सबसे आम प्रकार हेपेटोसेलुलर कार्सिनोमा हs, जवन मुख्य प्रकार के लिवर कोशिका (हेपेटोसाइट) में होला।

अध्ययनकर्ता बतवले, लिवर कोशिका के डीएनए में परिवर्तन के कारन एमें कैंसर हो सकेला। क्रोनिक हेपेटाइटिस संक्रमण आ लिवर में लंबा समय से बनल कुछ प्रकार के बीमारी के कारन कैंसर विकसित होले के खतरा रहेला।लेकिन कबो-कबो लिवर कैंसर ओ लोगन में हो सकेला जेमें कवनो अंतर्निहित बीमारी नाहीं होला।

का हs लिवर कैंसर के पहचान?

अधिकांश लोगन में प्राथमिक स्थिति में लिवर कैंसर के कवनो संकेत आ लक्षण नाहीं होला।आपके पाचन से संबंधित कुछ समस्या जरूर हो सकेला। हालांकि ज‌इसे-ज‌इसे कैंसर कोशिका बढ़त जाले एकर लक्षण अधिक स्पष्ट होखे लगेला । बिना प्रयास के वजन कम होखल, भूख ना लागल, पेट में दरद, मतली आ उल्टी, पीलिया के समस्या बेर-बेर होत रहल लिवर कैंसर के शुरुआती संकेत मानल जाला ।

स्वास्थ्य विशेषज्ञ कहले जवन लोगन के हेपेटाइटिस-बी आ हेपेटाइटिस सी वायरस के दीर्घकालिक संक्रमण रहल बा।ओमें लिवर कैंसर के खतरा बढ़ जाला। सिरोसिस ज‌इसन बीमारि‌ एकर जोखिम के बढ़ावे वाला हो सकेला। एकरे अलावा बेर-बेर फैटी लिवर के समस्या होत रहल, शराब के सेवन आपके लिवर कैंसर के शिकार बना सकेला।

अध्ययनकर्ता बतवले कि जवन लोगन के डायबिटीज बा उनके अउरौ सावधानी बरतले के आवश्यकता बा, अइसे लोगन में लिवर के कैंसर के खतरा समय के साथे बढ़ सकेला।

डायबिटीज रोगियन में कैंसर

अध्ययन से पता चलल बा कि टाइप 1 आ टाइप-2। दुनों प्रकार के डायबिटीज रोगियन में लिवर कैंसर विकसित होखे के जोखिम अधिक हो सकेला। अइसे लोगन में, बिना मधुमेह वाला लोगन के तुलना में कैंसर के खतरा दु से तीन गुना अधिक देखल ग‌इल बा। यदि मधुमेह ठीक से नियंत्रित नाहीं रहेला तs जोखिम अउर बढ़ जाला।

हाई ब्लड शुगर के स्थिति में शरीर में कोशिका के ईंधन देवे के खातिर आवश्यकता से अधिक ग्लूकोज हो जालाs। अतिरिक्त ग्लूकोज के ऑक्सीकरण के दौरान हानिकारक रसायन आ फ्री रेडिकल्स रिलीज होलें जेसे लिवर कोशिका में कैंसर विकसित होखे क जोखिम अधिक बढ़ सकेलाs ।

लिवर कैंसर से बचाव (Prevention from Liver Cancer)

यौन संबंध बनाई संभल के

कवनो अइसे व्यक्ति के साथे शारीरिक संबंध बनवले से बचीं जे पैपिलोमा वायरस से प्रभावित होखे। एकर वायरस फ‌इले वाला होला।

शराब आ धूम्रपान से दूरी

शराब आ धूम्रपान के सेवन कम क‌इले से आप काफी हद ले लिवर कैंसर से बच सकेनी । एकरे अलावा अल्कोहल के सेवन से लिवर में सिरोसिस के समस्या हो जाला, जवन बाद में कैंसर के कारण बनजाला ।

खानपान पs ध्यान देंईं

लिवर ले फ‌इले वाला कुछ प्रकार के कैंसर ज‌इसे– कोलोन, ब्रेस्ट आ लंग कैंसर के संबंध आपके खान-पान से हो सकेला। आपके खातिर बेहतर होईं कि आप वजन न बढ़े देईं। अपने शरीर के वजन संतुलित राखीं। फाइबर से भरपूर आ सैचुरेटेड फैट कt कम मात्रा वाला आहार लेंईं। साबुत अनाज, सब्जी आ फल के सेवन करीं। स्वच्छ पानी पीं,उबाल के पानी के सेवन करीं।

पालक खाईं खूब

पालक सेहत के खातिर बहुत हेल्दी होला। रउरा एके सलाद, सब्जी, सूप कवनो रूप में खा सकेनी । पालक में घुलनशील आ अघुलनशील दुनों प्रकार के फाइबर होलें, जवन पाचनतंत्र के खातिर उपयोगी होला। एमें विटामिन ई पर्याप्त मात्रा में होला, जवन लिवर कैंसर (Foods to avoid liver cancer) से बच‌वलें में मदद करेला।

 

 

 

Tags :
Balanced Healthdiseasedisease treatmentLiver CancerNews Bhojpur NewsSpecial story newsखबर भोजपुर न्यूज़रोगरोग उपचारलिवर कैंसरस्पेशल स्टोरी न्यूज़
Advertisement
Next Article