दिल्ली में सांस लिहल दूभर! जहांगीरपुरी में 428 पहुंचल AQI, कईगो क्षेत्रन में हालत गंभीर
राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली गैस चैम्बर बनल बा। इहाँ वायु प्रदूषण के चलते लोग के सांस लेवे में परेशानी होखता। केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड (सीपीसीबी) के मुताबिक, पूरा दिल्ली में हवा के गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) बहुत क्षेत्र में 'गंभीर' श्रेणी में पहुंच गईल बा।
The Air Quality Index (AQI) across Delhi dips into 'Severe' category in several areas as per the Central Pollution Control Board (CPCB).
AQI in Ashok Vihar at 405, in Jahangirpuri at 428, in Major Dhyan Chand National Stadium at 404, in Dwarka Sector 8 at 403 pic.twitter.com/3ZnWTlysYj
— ANI (@ANI) November 22, 2023
#WATCH | The Air Quality Index (AQI) across Delhi dips into 'Severe' category in several areas as per the Central Pollution Control Board (CPCB).
(Visuals from India Gate, shot at 6:30 am) pic.twitter.com/M3yi4JKLqs
— ANI (@ANI) November 22, 2023
अशोक विहार में 405, जहांगीरपुरी में 428, मेजर ध्यानचंद नेशनल स्टेडियम में 404, द्वारका सेक्टर 8 में 403 एक्यूआई दर्ज भइल बा। दिल्ली के इंडिया गेट के सबेरे के नजारा सामने आ गईल बा, जवना में भारी कोहरा देखाई देता।
मंगल के दिने दिल्ली के हवा के गुणवत्ता 331 दर्ज भइल जवन ‘बहुत खराब’ श्रेणी के संकेत देत बा। केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के मुताबिक अतवार के दिल्ली के आसपास के इलाका में वायु प्रदूषण के स्तर में मामूली गिरावट आईल। बता दीं कि मंगल के दिने दिल्ली के न्यूनतम तापमान 13.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल। दृश्यता 1500 मीटर के रहे।
दिल्ली के जहांगीरपुरी में एक्यूआई 395, पंजाबी बाग में 388, रोहिणी में 381, नेहरू नगर में 376, आनंद विहार में 364, सोनिया विहार में 359, पटपड़गंज में एक्यूआई 358 दर्ज भइल।