टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ओमान में भारतीय दस्तावेजन के डिजिटल रूपांतरण कइल गइल 

07:45 AM May 29, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

ओमान में भारत के ऐतिहासिक दस्तावेजन के संरक्षित राखे के दिशा में भारतीय दूतावास आ भारतीय राष्ट्रीय अभिलेखागार (एनएआई)  मिलके ऐतिहासिक दस्तावेजन के डिजिटल रुपांतरण कइलस। 'द ओमान कलेक्शन- अर्काइवल हेरिटेज ऑफ द इंडियन कम्युनिटी इन ओमान' नाम से  परियोजना में 32 भारतीय परिवार आपन योगदान देलस। एमें अधिकतर गुजरात के लोग रहे जवन अब ओमान में बस गइल बा।

Advertisement

अलग - अलग भाषा में बा ई कागजात

अंग्रेजी, अरबी, गुजराती आ हिंदी भाषा में 7000 से बेसी दस्तावेज ओमान में बसल एही परिवारन के निजी संग्रह से मिलल। एह कुल दस्तावेजन के स्कैन कऽ के डिजिटल तौर पs संरक्षित कर लिहल गइल। एह कागजातन पs 1838 से लेके 20वीं सदी के शुरुआत के तारीख अंकित रहे। एमें निजी डायरी, अकाउंट बुक, ट्रेड इन‌वॉयस, पासपोर्ट, पत्र बा।

ओमान बन गइल बा आपन घर

ओमान में भारतीय राजदूत अमित नारंग कहले, 'भारतीय समुदाय के इतिहास के दस्तवेजन के समेंट के डिजिटल बनावल उल्लेखनीय पहल बा।' एमें पुरनका समुदाय के सदस्य आ उनका लो के निजी बयानो बा।

Tags :
Bhojpuri NewsDesh -VideshDesh bideshindia newsKhabar bhojpurikhabar bhojpuri news specialomanVidesh mantri
Advertisement
Next Article