For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर एयरपोर्ट से पांच साल बाद बेंगलुरु खातिर सीधी उड़ान सुरू, आज से यात्री उठा सकी लो लाभ

11:17 AM May 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर एयरपोर्ट से पांच साल बाद बेंगलुरु खातिर सीधी उड़ान सुरू  आज से यात्री उठा सकी लो लाभ
Advertisement

गोरखपुर से बेंगलुरु जाये वाला यात्रियन के अब परेसान ना होखे के पड़ी। पांच साल बाद बुध के गोरखपुर से बेंगलुरु खातिर सीधी उड़ान सुरू हो रहल बा। विमानन कंपनी एयर अकासा बेंगलुरु आ दिल्ली खातिर हवाई सेवा सुरू करे के तइयारी पूरा कs लेले बा। कंपनी के उपनिदेशक हरजिंदर सिंह आ एयरपोर्ट निदेशक आरके पराशर झंडी दिखाके हवाई सेवा के सुभारंभ करिहें।

Advertisement

अकासा एयरलाइन के विमान सबेर 11:15 बजे बेंगलुरु से उड़ान भरके दुपहरिया 2:05 बजे गोरखपुर पहुंची। इहां से 2:45 बजे दिल्ली खातिर रवाना होई। सांझ के 4:55 बजे दिल्ली से उड़ान भरके 6:45 बजे गोरखपुर अइला के बाद सांझ 7:20 बजे बेंगलुरु लवट जाई।

अकासा एयरलाइन के अधिकारी एकरा के लेके तइयारी पूरा कs लेले बा लो। पहिला दिन गोरखपुर से दिल्ली जाये खातिर 100 आ बेंगलुरु जाये खातिर 170 यात्री टिकट बुक करवले बा लो। एयरपोर्ट निदेशक आरके पराशर बतवलें की नया उड़ान सुरू करे के तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा।

चक्रवात के वजह से दु दिन बाद सुरू भइल कोलकाता के उड़ान

चक्रवात रेमल के वजह से अतवार आ सोमार के कोलकाता एयरपोर्ट बंद रहल। एह वजह से गोरखपुर से कोलकाता के उड़ान ना हो सकल। मंगर के तय शेड्यूल पs कोलकाता से इंडिगो के विमान 70 यात्रियन के लेके गोरखपुर उतरल।

इहां से फेर 75 यात्रियन के लेकरकोलकाता लवटल। इंडिगो के विमान कोलकाता से दुपहरिया 2:35 बजे उड़ान भरके 4:35 बजे गोरखपुर एयरपोर्ट पहुंची। इहां से 4:55 बजे कोलकाता खातिर उड़ान भरी।

Tags :
Advertisement