टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हीट स्ट्रोक के लेके सारण जिला प्रशासन अलर्ट: DM अधिकारियन संगे कइलें बइठक, उचित बेवस्था के लेके देलें निरदेस

09:12 AM Jun 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सारण के समाहरणालय सभाकक्ष में लू के प्रकोप से बचाव के उपाय से संबंधित बैठक के अध्यक्षता करत जिलाधिकारी अमन समीर उपस्थित पदाधिकारियन के जल्दी से जल्दी जरूरी उपाय करे के निरदेस देले बाड़ें। ताकि अनचाहा घटनन से बचल जा सके। लू के बढ़त ममिलन के लेके जिलाधिकारी अलर्ट मोड में दिख रहल बाड़ें।

Advertisement

बइठक में कार्यपालक अभियंता पीएचईडी जलालपुर प्रखंड के कइयन पंचायतन के संगे आउर प्रखंड पंचायतन में नल-जल खराब होखे के जानकारी देलें। एह पs जिलाधिकारी कार्यपालक अभियंता पीएचईडी, सारण के नल-जल के शीघ्र मरम्मत करावत योजना के सुचारु रूप से कार्यान्वित करावे के निरदेस देलें।

किसानन के जागरूक करे के लेके आदेस 

जिला पशुपालन पदाधिकारी के आदेस देत कहल गइल बा कि प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से लू से बचाव खातिर किसानन के जागरूक कइल जाव। सब प्रखंड पशु चिकित्सकन के अपना क्षेत्रन में भ्रमणशील रहके बेमार पशुअन के चिकित्सा सुनिश्चित करे के निरदेस दिहल गइल।

संगही मुखिया प्रतिनिधियन के माध्यम से पंचायतन में लू के प्रकोप से बेमार पशुअन के इस्थिति के आकलन करे के निरदेस दिहल गइल। आवश्यकतानुसार जगे-जगे प्याऊ लगावे खातिर निरदेस दिहल गइल।

विद्युत कार्यपालक अभियंता पूर्वी आ पश्चिमी के पावर कट के जानकारी सार्वजनिक करत पावर कट कम करे आ खराब ट्रान्सफॉर्मर के तुरंत बदले के निरदेस दिहल गइल।

सहायक अभियंता, बूडको के ओर से अमृत योजना के अंतर्गत हो रहल पानी के सप्लाई में नगर निगम क्षेत्र के नव गो वार्डन में पानी के फोर्स धीरे होखे के कारणन के जानकारी दिहल गइल। एकरा खातिर सहायक अभियंता बूडको के नगर आयुक्त, छपरा नगर निगम के संगे बइठक कs के समस्या के निराकरण करे के निरदेस दिहल गइल।

Tags :
Adminstraion On AlertBhojpuri NewsDistrict AdministrationHeat Strokeheat wavesaran news
Advertisement
Next Article