For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आधा रात शहर के चौक चौराहन पs पहुंचलें डीएम: ठंड से ठिठुर रहल लोगन बीच कंबल वितरण कइलें, खिल उठल जरूरतमंदन के चेहरा 

01:25 PM Jan 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
आधा रात शहर के चौक चौराहन पs पहुंचलें डीएम  ठंड से ठिठुर रहल लोगन बीच कंबल वितरण कइलें  खिल उठल जरूरतमंदन के चेहरा 
Advertisement

गोपालगंज के डीएम डॉ. नवल किशोर चौधरी अचानक शहर के विभिन्न चौक चौराहन पs ठंड से ठिठुर रहल लोगन के बीच पहुंच गइलें। एह दौरान ऊ ओह लोगन के हालचाल जनला के संगही एक-एक कs के कइयन लोगन के बीच कंबल के वितरण कइल गइल। ओहिजा कंबल पाके जरूरतमंदन के चेहरा खिल उठल। जिलाधिकारी लोगन से अपील करत कहलें कि रउओ लोग आगे आई आ जरूरतमंदन के एह कड़ाका के ठंड में कंबल के वितरण करीं।

Advertisement

बता दीं कि पिछला कइयन दिन से पड़ रहल ठंड के कारण लोग परेसान बा। सबसे जादे सड़क पs जिनगी गुजारे वालन के परेसानी बढ़ गइल बा। जवना के देखत जिलाधिकारी डॉक्टर नवल किशोर चौधरी देर रात शहर के अंबेडकर चौक, सदर अस्पताल समेत अलग-अलग चौक चौराहन पs पहुंचल। जहां ऊ जरूरतमंदन के बीच कंबल के वितरण कइलें।

सरकार गरीबन खातिर देले राशि

डीएम कहलें कि इहां कड़ाका के ठंड पड़ रहल बा। एह गरीब आ असहाय लोगन खातिर कंबल वितरण के राशि आवत बा। जवना से हमनी लोग दुनो अनुमंडल गोपालगंज आ हथुआ में कंबल के वितरण कs रहल बानी सs। जवन असहाय आ गरीब लोग बा, ओह लोगन के बीच करीब एक हजार कंबल के वितरण कइल जा रहल बा। एकरा अलावे नगर परिषद कावर से अलग राशि से कंबल के वितरण कइल जा रहल बा।

डीएम कहलें कि जवन बिजनेस मैन आ समाजसेवी लोग बा, ओकरा से आग्रह कइल गइल बा कि जादे से जादे गरीब आ असहाय लोगन के बीच कंबल के वितरण करे के मदद करीं। ताकि लोग खुशहाल रह सके। ऊ कहलें कि कड़ाका के ठंड के वजह से जिला के सब नगर परिषद, नगर पंचायत, प्रखंड कार्यालय आ सब अस्पतालन में अलाव के बेवस्था कइल गइल बा। ताकि केहू के कवनो परेसानी ना होखे।

Tags :
Advertisement