टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मंडल कारा में DM-SP कइल लो छापेमारी : 2 घंटा तक भइल सब वार्डन के जांच, भारी संख्या में पुलिस कर्मी रहल लो मवजूद

11:14 AM Feb 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सीवान के मंडल कारा में सोमार के भिनसहरे डीएम आ एसपी के संयुक्त नेतृत्व में छापेमारी कइल गइल। सबेरे के चार बजे से लेकर छव बजे तक लगभग दु घंटा तक जेल के भीतर गहन जांच कइल गइल। एह दौरान अलग-अलग वार्डन में छापेमारी खातिर अलग-अलग टीम लगावल गइल बा।

Advertisement

महिला वार्ड में जांच आ छापेमारी खातिर महिला पुलिस पदाधिकारी आ पुरुष वार्ड खातिर पुरुष पुलिस पदाधिकारी के लगावल गइल रहे। सोमार के अगिला सबेरे करीब 4:00 बजे अचानक जेल के अंदर डीएम आ एसपी भारी पुलिस बल के संगे पहुंचलें।

अधिकारियन के बीच मचल हड़कंप

जेल के अंदर पहुंचतही हड़कंप मच गइल। एह दौरान अलग-अलग वार्डन के जांच, पूरा जेल परिसर आ शौचालय आदि के जांच कइल गइल। हालांकि, एह छापेमारी में कवनो आपत्तिजनक सामान के बरामदगी नइखे भइल। जिला अधिकारी जेल प्रशासन के कइयन गो आवश्यक दिशा निरदेस दिहल गइल।

मालूम होखे कि सिवान के मंडल कारा में दर्जन भर कुख्यात अपराधी आ राजनीतिक बंदी रहेला लो। अइसन इस्थिति में जल प्रशासन के संगे-संगे जिला प्रशासन कावर से समय-समय पs छापेमारी कइल जाला। जल के भीतर मोबाइल, आउर इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस, मादक पदार्थ आदि के जांच खातिर छापेमारी कइल जाला।

Tags :
Bhojpuri NewsDM-SP Conducts in Mandal RailDM-SP RaidSiwan Jail
Advertisement
Next Article