टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सीट शेयरिंग से पहिले उद्धव ठाकरे के बड झटका, ई नेता पार्टी से दिहले इस्तीफा, अजित पवार के NCP के कइले ज्वाइन

01:00 PM Oct 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
शिवसेना (UBT) के प्रमुख उद्धव ठाकरे
Advertisement

 

Advertisement

महाराष्ट्र के महाविकास अघाड़ी के भीतर सीट बंटवारा के लेके अबे ले कवनो बात नईखे भईल। शिवसेना (यूबीटी), कांग्रेस अवुरी राकांपा (सपा) के बीच एक दौर के बैठक चलता। एही बीच उद्धव ठाकरे के शिवसेना के बड़ झटका लागल बा।  ज्ञानेश्वर (मौली आबा) कटके उद्धव के पार्टी से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. मतदान से कुछ दिन पहिले ज्ञानेश्वर अजीत पवार के राकांपा में शामिल हो गइल बाड़न.

महाविकास अघाड़ी में तनाव बढ़ गईल

महाराष्ट्र में सीट बंटवारा के लेके महाविकास अघाड़ी में तनाव बढ़ रहल बा। बइठक के बाद बइठक हो रहल बा बाकिर कवनो समाधान सामने नइखे आवत. जबकि उद्धव ठाकरे सीट के लेके राहुल गांधी के समस्या बढ़ा देले बाड़े। कांग्रेस के 24 घंटा के अल्टीमेटम दिहल गइल बा, सीट तय करीं ना तs हमनी के सोमार के दिने लिस्ट जारी कs देब जा. महाविकास अघाडी 24 घंटा में चार गो बइठक करवले बाड़न. अब एक बेर अउरी टाइम दे दिहल गइल बा.

एमवीए में चल रहल बैठक के दौर

महाविकास अघाडी में सीट बंटवारा में जेतना देरी होखता ओतने उद्धव ठाकरे के दिल के धड़कन बढ़ता। महाराष्ट्र कांग्रेस दिल्ली के ओर देख रहल बिया। महाविकास अघाडी में एक दौर के बैठक चल रहल बा। दिल्ली में कांग्रेस के बइठक शुरू हो गइल बा. आदित्य ठाकरे मुंबई में शरद पवार से मुलाकात कइले बाड़न. एकरा संगे संजय राउत शरद पवार से भी मुलाकात कईले बाड़े।

 

 

 

Tags :
Maharashtra Assembly Election 2024Maharashtra PoliticsShiv Senauddhav thackera
Advertisement
Next Article