For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

व्हाट्सएप आ टेलीग्राम पऽ मत करीं स्टॉक ट्रेडिंग, ना तऽ हो जाइब साइबर फ्रॉड के शिकार

02:49 PM Sep 24, 2024 IST | Sonu Kishor
व्हाट्सएप आ टेलीग्राम पऽ मत करीं स्टॉक ट्रेडिंग  ना तऽ हो जाइब साइबर फ्रॉड के शिकार
प्रस्तुती खातिर लगावल गइल फोटो
Advertisement

तकनीक के बढ़त विकास के संगे लोग के बहुत सुविधा मिल रहल बा। एआई के बढ़त दायरा लोग के कई गो महत्वपूर्ण काम में एकर भूमिका आ योगदान बढ़ा रहल बा। एकरा संगे-संगे बहुत तेजी से सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल हो रहल बा। अइसना में जदी आप व्हाट्सएप आ टेलीग्राम जइसन प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल करतानी तऽ आपके सावधान रहे के जरूरत बा। असल में एह प्लेटफार्मन पs फर्जी ट्रेडिंग घोटाला चलत बा जवना से बहुते बड़हन आर्थिक नुकसान हो सकेला।

Advertisement

व्हाट्सएप आ टेलीग्राम पऽ स्टॉक ट्रेडिंग

जदि रउवा स्टॉक ट्रेडिंग करेनी तऽ व्हाट्सएप आ टेलीग्राम पs बनल फर्जी खाता आ चैनल से सावधान रहे के जरूरत बा। रउरा सभे के जानकारी खातिर बता दीं कि ए घरी व्हाट्सएप आ टेलीग्राम पs बहुते फर्जी अकाउंट आ चैनल बा, जवना पs शेयर ट्रेडिंग के जानकारी दिहल जाला। साइबर अपराधी लोग के फँसावे खातिर बेहतर रिटर्न के दावा करेला आ कई गो आकर्षक ऑफर के बारे में बतावेला।

साइबर अपराधी अपनावेले इ तरीका

साइबर अपराधी कबो-कबो कुछ फर्जी वेबसाइट के इस्तेमाल लोग के फंसावे खाती करेले। ताकि उपयोगकर्ता के आसानी से भरोसा दिहल जा सके। कई बेर साइबर अपराधी लोग के मनावे खातिर वेबिनार भा प्रशिक्षण सत्र देबे के वादा करेला। एकरा बाद बहुत लोग ओ लोग के बात में फंस जाले आ अंत में उऽ लोग के मांग के रकम के भुगतान कऽ देवेले। संगही, कई बेर साइबर जालसाज लोग से आपन बैंक के डिटेल लेवेले। हालांकि साइबर अपराधी के अइसन चाल से बचे खाती कुछ बात के ध्यान में राखल जरूरी बा।

बचे खातिर एह टिप्स के उपयोग करीं

  • साइबर अपराधी स्टॉक ट्रेडिंग खातिर लोग के एगो समूह में शामिल करेले। एकरा बाद लोग से पइसा लेला के बाद उऽ लोग पेड सेवा देवे के वादा करेले। एकरा खातिर कई गो आकर्षक ऑफर के बारे में जानकारी देवेले।
  • स्टॉक ट्रेडिंग करत घरी रउरा कवनो तरह के जानकारी कवनो अनजान आदमी से ना साझा करे के चाहीं।
  •  जदि केहु व्हाट्सएप आ टेलीग्राम के माध्यम से शत-प्रतिशत रिटर्न देवे के वादा करऽता तऽ अइसन लोग से दूर रहे के चाही, काहेंकी इ घोटाला हो सकऽता।
  •  जदि केहू व्हाट्सएप आ टेलीग्राम जइसन प्लेटफार्म पs स्टॉक ट्रेडिंग खातिर राउर यूजरनेम आ पासवर्ड पूछे तऽ गलतियो से ओकरा के कवनो जानकारी मत दीं। ना तऽ भारी नुकसान हो सकेला।
Tags :
Advertisement