टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ग्रेटर नोएडा में कुकुर के पीट-पीट के हत्या, बोरा में बंद कs के नाला में फेंकलस शव

12:46 PM Sep 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

उत्तर प्रदेश के ग्रेटर नोएडा के सेक्टर ओमीक्रॉन-1 में स्थित गौर अतुल्यम सोसाइटी में एगो कुत्ता के कथित तौर पs पीट-पीट के हत्या कs दिहल गईल। खबर के मुताबिक थाना में एगो महिला के ओर से दर्ज शिकायत में कहल गईल कि, कुछ सुरक्षाकर्मी अवुरी निवासी के ओर से एगो कुकुर के कथित तौर पs पीट-पीट के हत्या कs देले। एकरा बारे में जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि बियफ़ें के रात में भईल एs घटना के सिलसिला में मामला दर्ज हो गईल बा। महिला के शिकायत के मुताबिक आरोपी कुत्ता के बोरा में बंद कs के नाली में फेंक देले रहले।

बहुत देर ले कुकुर के पीटत रह गइल

दादरी थाना प्रभारी सुजीत उपाध्याय बतवले ओमीक्रॉन-2 निवासी अवुरी पशु कल्याण संरक्षण गृह चलावे वाली कावेरी राणा नाम के महिला एs मामला में थाना में शिकायत दर्ज करवली, जवना के बाद मामला दर्ज भईल बा। राणा के शिकायत के मुताबिक उनुका जानकारी मिलल कि गौर अथुल्याम सोसाइटी के अपार्टमेंट ओनर्स एसोसिएशन के अधिकारी अवुरी सुरक्षाकर्मी एगो कुत्ता के बहुत देर ले पीटले, जवना के बाद ओकर मउत हो गईल। उs बतवले कि इs घटना बुध के रात के भईल।

नाली से शव निकालल गईल

स्टेशन प्रभारी बतवले कि राणा के शिकायत के मुताबिक आरोपी कुत्ता के हत्या के बाद ओकरा के बोरा में बंद कs के नाली में फेंक देले। राणा के मुताबिक उs अपना टीम के मौका पs भेज के कुत्ता के लाश नाली से निकालवा देले। अधिकारी बतवले कि शिकायतकर्ता एs मामला में सुरक्षाकर्मी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करवले बा। उs बतवले कि शिकायतकर्ता आरोप लगवले बा कि गौतम बुद्धनगर जिला के पशु स्वास्थ्य विभाग आवारा कुकुरन के नसबंदी आ टीकाकरण नइखे करावत. ओह लोग के आरोप बा कि स्वास्थ्य विभाग आम जनता के शिकायत के अनदेखी कs रहल बा, जवना के चलते पशु क्रूरता के घटना बढ़ रहल बा।

 

 

Tags :
DogGreater NoidaNoida
Advertisement
Next Article