टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Donald Trump फेर दिहले भारत के धमकी, कहले- जे जेंगा करीं, उs ओंगा भरीं

10:23 AM Dec 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
डोनाल्ड ट्रंप
Advertisement

जल्दिए अमेरिका के राष्ट्रपति के शपथ लेबे वाला डोनाल्ड ट्रंप एक बेर फेरु टैरिफ के धमकी दिहले बाड़न. ट्रम्प भारत पs पारस्परिक कर लगावे के धमकी देले बाड़े। उनुकर कहनाम बा कि भारत जवन टैक्स अमेरिकी उत्पाद पs लगावेला, उहे टैक्स हमनी के भारतीय उत्पाद पs भी लगाईब। ट्रंप बहुत दिन से भारत के ओर से कुछ अमेरिकी उत्पाद के आयात पs 'उच्च टैरिफ' लगावे के विरोध करत रहले। एकरा जवाब में उs लोग पारस्परिक टैरिफ लगावे के बात करतारे।

Advertisement

ट्रम्प का कहले?
मीडिया से बात करत ट्रंप कहले कि, 'जदी उs लोग हमनी पs जादा टैरिफ लगईहे तs हमनी के ओ लोग पs भी टैरिफ लगाईब।' उs लोग हमनी के टैक्स लगावेले, हमनीओ के टैक्स लगाएब। उs लोग लगभग सभ मामला में हमनी पs टैक्स लगावेले, उs लोग हमनी पs टैक्स लगावेले अवुरी हमनी के टैक्स ना लगावेनी। उs कहले कि भारत जदी हमनी पs शत-प्रतिशत टैक्स लगावेला तs का हमनी के ओ लोग पs बिल्कुल टैक्स ना लगावे के चाही? ट्रंप कहले कि भारत अवुरी ब्राजील ओ देश में शामिल बाड़े जवन कि कुछ अमेरिकी उत्पाद पs जादा टैरिफ लगावेले। ट्रंप कहले कि, 'जदी उs लोग हमनी प टैक्स लगावेले तs ठीक बा, बाकिर हमनी के ओ लोग पs भी ओतने टैक्स लगावे वाला बानी जा।'

ट्रंप के कॉमर्स सेक्रेट्री एकर समर्थन कइले

डोनाल्ड ट्रंप के एह बात के समर्थन अगिला कॉमर्स सेक्रेट्री हावर्ड लुटनिक कइले बाड़न. उs कहले कि, 'ट्रंप सरकार में पारस्परिकता एगो महत्वपूर्ण विषय होई।' रउरा उमेद करे के चाहीं कि रउरा साथे ओही तरह के व्यवहार कइल जाई जइसन रउरा हमनी के साथे करत बानी. लुटनिक कहले कि केहू जवन भी करी, उहे उनुका संगे होई।

इहो पढ़ीं: Oscar 2025 के रेस से 'लापता लेडीज' के कटल पत्ता, टॉप 15 में भी नाहीं मिलल जगह

Tags :
AmericaBusinessDonald Trumppaisa
Advertisement
Next Article