टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

'कंगना रनौत के चेहरा ना देखे के चाहीं, पाप लागि...' एक्ट्रेस पऽ काहे भड़कले शंकराचार्य? लगवले गंभीर आरोप

08:17 AM Aug 04, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

कंगना रनौत आज हिमाचल प्रदेश के मंडी से भाजपा सांसद बाड़ी। धर्म आ राजनीति से जुड़ल संवेदनशील मुद्दा पs बेबाक बयान के चलते उ हमेशा सुर्खी में रहेली। सांसद बने से करीब 5 साल पहिले उऽ बयान देके हिन्दू के धार्मिक भावना के चोट पहुंचवले रहली, जवना पs शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद आपन चुप्पी तूड़ देले बाड़े।

Advertisement

साल 2019 में कंगना रनौत अपना एगो ट्वीट में गोमांस खाए के जायज ठहरवले रहली, जेकरा बाद अभिनेत्री के बयान पs बहुत हंगामा भइल। उनुका पs गाय के मांस खाए के आरोप लागे लागल। अब शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद कंगना रनौत के गाय के मांस के सेवन पs दिहल बयान पs नाराजगी जतवले बाड़े।

शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद कंगना रानौत के गाय के मांस खाए के आरोप पs 'मीडिया' से कहले कि, 'उनका प केहु दोसर आरोप नइखे लगवले, उऽ खुद इ बात मान लेले रहली।' ई बात सार्वजनिक बा। उऽ एकरा पs कवनो अफसोस नइखी जतवले। उऽ अबहियो कवनो पश्चाताप नइखी कइले।

शंकराचार्य से जब पूछल गइल कि कंगना रणौत के बयान पs कवनो टिप्पणी नइखी कइल चाहत तऽ उऽ खिसिया के कहले कि कवनो सवाल नइखे। हम अइसन आदमी के चेहरा ना देखल चाहत बानी, हम अपना के दोषी महसूस करब। अइसन आदमी के नाम ना लिहल चाहब। हमनी के अपना आप के दोषी महसूस करब जा।

कंगना रनौत 24 मई 2019 के अपना ट्वीट में लिखले रहली कि, 'गोमांस चाहे कवनो आउर मांस खइला में कवनो बुराई नइखे।' ई बात धर्म के बात नइखे। इ कवनो छुपावे वाला बात नइखे कि कंगना रनौत 8 साल पहिले शाकाहारी हो गइली आ योगी बने के फैसला कइली। आजो उऽ खाली एगो धर्म में विश्वास ना करेली। उनकर भाई मांस खाला।

कंगना के एह बयान के बाद उनका खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावे खातिर याचिका दायर भईल, जवना के पंजाब आउर हरियाणा हाईकोर्ट खारिज कऽ देलस। कंगना रनौत के बयान के चलते एकरा से पहिलहु विवाद में पड़ल रहली। ध्यान देवे वाला बात बा कि उ जून 2024 से हिमाचल प्रदेश के मंडी के सांसद के पद पs बाड़ी।

कंगना रनौत राजनीति के संगे-संगे फिल्मों में सक्रिय बाड़ी। अभिनेत्री के अगिला फिलिम ‘इमरजेंसी’ हऽ जवना के एह साल सितंबर में रिलीज होखे के योजना बा। एह फिलिम में उऽ पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के किरदार निभवले बाड़ी।

Tags :
#hindu ritualshindu dharmkangana ranautKangna RanautPoltics NewsShankra chary
Advertisement
Next Article