टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

इंटरनेट चलावे खातीर घर में लगावत बानी इs Wi-Fi राउटर? मुसीबत में पड़ सकत बानी रउरा

01:14 PM Apr 30, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

अपना घर में इंटरनेट देवे खातिर हमनी के वाई-फाई राउटर लगावेनी। अगर रउआ भी घर में इंटरनेट चलावे खातिर एह तकनीक वाला वाई-फाई राउटर ऑनलाइन भा ऑफलाइन खरीदे वाला बानी तs राउर दिक्कत बढ़ सकेला। सरकार एकरा बिक्री पs रोक लगा देले बिया। सेलुलर ऑपरेटर्स एसोसिएशन ऑफ इंडिया (सीओएआई) ए मामिला में दूरसंचार विभाग (डीओटी) के पत्र लिखले बा। आईएएनएस के रिपोर्ट के मुताबिक भारत में वाई-फाई 6ई तकनीक वाला राउटर ऑनलाइन अवुरी ऑफलाइन चैनल के माध्यम से बेचल जाता, हालांकि सरकार अबे ले एकर बिक्री के अनुमति नईखे देले।

Advertisement

बिना अनुमति के वाई-फाई 6ई राउटर बेचल जा रहल बा

फिलहाल भारत में बिक्री के अनुमति खाली 2.4 GHz अवुरी 5 GHz बैंड वाला वाई-फाई राउटर के मिलल बा। वाई-फाई 6E राउटर उपरोक्त यानी 6 GHz स्पेक्ट्रम बैंड के सपोर्ट करेला। ई राउटर ई-कॉमर्स प्लेटफार्म अमेजन, फ्लिपकार्ट आदि पs आसानी से उपलब्ध बा। सीओएआई बिना अनुमति के एs नाया तकनीक वाला राउटर के बिक्री पs डॉट के चिट्ठी लिखले बा।

सीओएआई डॉट से निहोरा कइले बा कि एह राउटर के बिक्री पs कड़ाई से रोक लगावल जाव. हालांकि एs मामिला में अबे ले DoT के ओर से कवनो नीति जारी नईखे भईल। उद्योग जगत के निकाय के कल बा कि एह तरह के राउटर के बिक्री से अनधिकृत संचरण हो सकेला जवन खतरनाक साबित होखी.

ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म के संगे खरीददार उपभोक्ता के खिलाफ अयीसन अनधिकृत उपकरण बेचे खातीर कानूनी कार्रवाई कईल जा सकता। भारतीय दूरसंचार अधिनियम 2023 के मुताबिक कवनो स्पेक्ट्रम के मालिक अवुरी उपयोगकर्ता के केंद्र सरकार से अनुमति लेवे के होई।

अमेजन पs राउटर के अंधाधुंध बेचल जा रहल बा

जब हमनी के ई-कॉमर्स वेबसाइट अमेजन पs Wi-Fi 6E राउटर के खोज कईनी तs बहुत ब्रांड के Wi-Fi 6E राउटर एs प्लेटफॉर्म पs बिक्री खातीर आसानी से उपलब्ध बा। 6 GHz स्पेक्ट्रम बैंड वाला इs राउटर उपयोगकर्ता के हाई स्पीड इंटरनेट के सुविधा देवेला। सरकार के मंजूरी ना मिलला के बावजूद ई-कॉमर्स वेबसाइट आ ऑफलाइन रिटेलर से ई सब आसानी से खरीदल जा सकेला.

 

 

 

Tags :
Amazonflipkarttech news in bhojpuriWi Fi
Advertisement
Next Article