टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP में लागू भइल Dress Code, अब नाहीं पहिन पइहें जींस-टीशर्ट

07:33 AM Feb 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

मेडिकल एजुकेशन विभाग के ओर से सभ मेडिकल कॉलेज के महिला, पुरुष डॉक्टर अवुरी बाकी कर्मी खातीर फैशन के संबंध में आचार संहिता लागू कईला के बाद अब राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन (एनएचएम) भी एs दिशा में पहल कईले बा।

Advertisement

एनएचएम के सभ अधिकारी अवुरी कर्मचारी खातीर ड्रेस कोड तय कs दिहल गईल बा। महिला जींस, टीशर्ट चाहे स्कर्ट-टॉप पहिन के ऑफिस ना आ पईहे। पुरुष भी ड्यूटी के दौरान खाली फॉर्मल पैंट अवुरी शर्ट पहिनहे।

एनएचएम के अपर मिशन निदेशक डॉ. हीरालाल एs संबंध में आदेश जारी कईले बाड़े। आदेश में कहल गईल बा कि एनएचएम के मानव संसाधन नीति में ड्रेस कोड के प्रावधान बा।

लेकिन सभ अधिकारी अवुरी कर्मचारी एकर पालन ना करेले। अनौपचारिक परिधान पहिन के आफिस आवेले। इs गरिमा के प्रतिकूल बा।

सभके निर्देश दिहल गईल बा कि उ लोग गरिमामय औपचारिक परिधान पहिन के पद पs आवे। महिला खाली साड़ी चाहे दुपट्टा के संगे सलवार कमीज पहिरीहे। जबकि पुरुष के ड्यूटी के दौरान खाली फॉर्मल पैंट अवुरी शर्ट पहिने के होई।

 

 

Tags :
dress codeFor femalemale doctors of medical collegeDress CodeMedical Education Departmentupup newsUP news in Bhojpuri
Advertisement
Next Article