टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सुबेरे-सुबेरे: भोरे खाली पेट पीं इs ड्राई फ्रूट के मीठ-मीठ पानी, सेहत के मिली जबरदस्त फायदा

08:07 AM Oct 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
लाइफस्टाइल
Advertisement

 

Advertisement

 

 

 

आयुर्वेद के मुताबिक ड्राई फ्रूट्स के सही मात्रा में सेवन कईला से रउरा अपना शरीर के मजबूत बना सकतानी। स्वास्थ्य विशेषज्ञ भी अक्सर पौष्टिक तत्व से भरपूर किशमिश के सेवन करे के सलाह देवेले। बाकिर का रउवा जानत बानी कि किशमिश के पानी किशमिश से जादे आपके स्वास्थ्य खातीर फायदेमंद साबित हो सकता? अगर ना तs किशमिश के पानी पिए के फायदा अवुरी किशमिश के पानी बनावे के तरीका के बारे में भी जानी.

किशमिश के पानी कईसे बनावल जाला?

किशमिश के पानी बनावल बहुत आसान बा। एकरा खातीर रात में सुते से पहिले कटोरी चाहे गिलास में पानी भरे के पड़ेला। ध्यान रहे कि कटोरा भा गिलास कांच के होखे के चाहीं. अब एह पानी में किशमिश डाल दीं। किशमिश के भिगो के रात भर छोड़ दीं। अब अगिला दिने सबेरे किशमिश अवुरी किशमिश के पानी दुनो के सेवन कs सकतानी।

पीये के कब ज्यादा फायदा होला?

आयुर्वेद के मुताबिक सबेरे खाली पेट किशमिश के पानी पियला से आपके स्वास्थ्य खातीर जादे फायदेमंद साबित हो सकता। रउआ इs जान के हैरान होखब कि किशमिश के पानी में पावल जाए वाला तत्व डायबिटीज अवुरी ब्लड शुगर के स्तर जईसन समस्या के नियंत्रित करे में भी कारगर साबित हो सकता। एकरा अलावे किशमिश के पानी आपके थकान अवुरी कमजोरी के भी बहुत हद तक कम कs सकता।

रउरा कई गो मिली फायदा

किशमिश के पानी पी के रउरा आपन प्रतिरक्षा में बहुत हद ले सुधार कs सकतानी। मतलब कि, एs ड्राई फ्रूट के पानी के नियमित रूप से पियला से रउरा आपन के बार-बार बेमार होखे से बचा सकतानी। किशमिश के पानी आपके आंत के स्वास्थ्य खातीर फायदेमंद साबित हो सकता। एकरा अलावे जदी आप अपना हड्डी के मजबूत कईल चाहतानी तs किशमिश के पानी के अपना रोज के खानपान के हिस्सा बना सकतानी।

Tags :
# Health careDrink Recipedry fruitsHealthHealth benefitsRaisin Health Benefits
Advertisement
Next Article