टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली मेट्रो: ब्लू लाइन के पटरियन पs दिखल ड्रोन, रोक दिहल गईल गाड़ी

09:01 AM Oct 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
पटरियन पs दिखल ड्रोन:फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

बुध के दिने दिल्ली मेट्रो के ब्लू लाइन पs रेल सेवा प्रभावित भइल. जानकारी के मुताबिक उत्तम नगर पूर्व अवुरी उत्तम नगर पश्चिम मेट्रो स्टेशन के बीच पटरी पs ड्रोन के पता चलला के चलते ट्रेन सेवा में समस्या पैदा हो गईल बा। जानकारी के मुताबिक करीब 30 मिनट ले ट्रेन सेवा प्रभावित रहे जवना के चलते यात्री के समस्या के सामना करे के पड़ल।

दिल्ली मेट्रो के अधिकारी बतावत बाड़े कि बुध के दिने दिल्ली मेट्रो के ब्लू लाइन पs उत्तम नगर पूर्व आ उत्तम नगर पश्चिम मेट्रो स्टेशनन के बीच एगो ड्रोन पटरी पs पड़ल देखल गइल जवना के चलते 30 मिनट से अधिका समय ले ट्रेन सेवा प्रभावित भइल . एकरा बाद ड्रोन के पटरी से हटा दिहल गईल। एह पूरा काम के दौरान उत्तम नगर पूर्व आ उत्तम नगर पश्चिम के बीच मेट्रो सेवा उपलब्ध ना रहे। घटना के बाद उत्तम नगर पूर्व आ जनकपुरी पश्चिम के बीच आ उत्तम नगर पश्चिम आ द्वारका के बीच एकल लाइन पs ट्रेन सेवा दिहल गईल।

जानकारी के मुताबिक मेट्रो लाइन पs ड्रोन देखे के दूसरा घटना भी भईल बा।  मेट्रो पुलिस के मुताबिक घटना रात 8 बजे भईल।  जनकपुरी मेट्रो लाइन के ऊपर संदिग्ध ड्रोन देखला के बाद दिल्ली मेट्रो के रोक दिहल गईल। कुछ समय से मेट्रो सेवा बाधित रहे।  ऊ एयर आर्टिकल (ड्रोन) बरामद हो गइल बा. संदिग्ध ड्रोन खिलौना निहन बा अवुरी ओकरा मालिक से पूछताछ होखता।

 

 

 

 

Tags :
Delhi MetroDelhi Metro Blue LineDMRCDrone
Advertisement
Next Article