For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

विधार्थियन के दिलावल गइल नशा मुक्ति के शपथ

02:38 PM Aug 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
विधार्थियन के दिलावल गइल नशा मुक्ति के शपथ
Advertisement

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। नशा मुक्ति शपथ ग्रहण समारोह में सब लोगन के नशा से होखे वाला हानि के धेयान में रखत शपथ दिलावल गइल। लईकन के प्रेरित कइल गइल कि ऊ खुद नशा से दूर रहे लो आ अपना परिवार आउर पास पड़ोस रिश्तेदारन आदि के नशा से बचावे के पूरा कोसिस करे लो।

Advertisement

एकरा से हमनी के देस भारत पूरा तरे से नशा मुक्त हो सके। छात्र-छात्रा लोगन के को संबोधित करत विजय शंकर रजक बतवके कि नशा मुक्त भारत अभियान मादक द्रव्यन के सेवन के बुराई के खत्म करे खातिरभारत के प्रतिबद्धता के एगो सानदार प्रमाण हs। एकर उद्देश्य नशीली दवा के आपूर्ति के रोके के बा। ओकरा के ले आवे वालन के पकड़ल आ ओकरा के बनावे भा बेचे से रोकल बा।

ई ओह लोगन के परामर्श, पुनर्वास केंद्र आ दवा के माध्यम से सहायता प्रदान करत बा जवन पहिलही से नशा के आदी हो चुकल बा लो।

Tags :
Advertisement