For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

मुजफ्फरनगर में महिला सिपाही के जिंदा जरके मौत: सिपाही पति के साथ जात रही, डंपर पति के कुचललस 

01:11 PM Aug 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
मुजफ्फरनगर में महिला सिपाही के जिंदा जरके मौत  सिपाही पति के साथ जात रही  डंपर पति के कुचललस 
Advertisement

मुजफ्फरनगर में मंगर के सबेरे भीषण हादसा में सिपाही पति-पत्नी के मौत हो गइल। बाइक से जा रहल दंपती के तेज रफ्तार डंपर टक्कर मार देलस। हादसा में डंपर पति के रउद देलस, जबकि पत्नी केबिन में फंस गइली। ओकरा के करीब 20 मीटर तक डंपर घसीटत ले गइल।

Advertisement

आगे जाके डंपर बिजली के पोल से टकरा गइल। एमे ऊपर से गुजर रहल हाईटेंशन लाइन टूटके गिर गइल। जवना से आग लाग गइल। पलक झपकतही पूरा डंपर जल गइल।

लोग महिला सिपाही के आग से बाहर निकाले के कोसिस कइल। बाकिर, लपट एतना तेज रहे कि लोग निकाल ना सकल। हादसा दिल्ली-देहरादून हाईवे पs बिलासपुर कट पs भइल। डंपर चालक मवका से फरार हो गइल।

पति-पत्नी मुरादाबाद में पोस्टेड रहे लो। सुधीर कटघर आ सोनिया नागफानी थाना में तैनात रहे लो।

Tags :
Advertisement